[the_ad_group id="30365"]

छपरा-सूरत साप्ताहिक ट्रेन के दु मिनट के होई अतिरिक्त ठहराव: यात्रियन के सुविधा खातिर कइल गइल बदलाव, सांसद हरियर झंडी दिखाके कइलें रवाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेल विभाग अपना मूलभूत सरंचना में लगातार बदलाव कs रहल बा। यात्रियन के सुविधा खातिर लगातार बदलाव कइल जा रहल बा। एही क्रम में छपरा से चले वाली छपरा सूरत एक्सप्रेस के अतिरिक्त ठहराव दिहल जा रहल बा। रेलवे प्रशासन कावर से यात्री जनता के सुविधा खातिर ट्रेन संख्या 09065/09066 सूरत-छपरा-सूरत साप्ताहिक सुपरफास्ट एक्सप्रेस के औंड़िहार-जौनपुर रेल खण्ड पs पड़े वाला केराकत रेलवे स्टेशन पs दु मिनट के ठहराव प्रदान कइल जाए के स्वीकृति प्रदान कइल गइल बा।

जवना के मोताबिक आज 31 अक्टूबर, 2023 से केराकत स्टेशन पs गाड़ी सं 09065 सूरत-छपरा एक्सप्रेस गाड़ी 09:15 बजे पहुंचके दु मिनट के ठहराव लेके 09:17 बजे छपरा खातिर प्रस्थान करी। एही तरे गाड़ी सं० 09066 छपरा-सूरत एक्सप्रेस केराकत स्टेशन पs 12:05 बजे पहुंचके दु मिनट के ठहराव लेके 12:07 बजे सूरत खातिर प्रस्थान करी।

सांसद हरियर झंडी दिखाके कइलें रवाना

एकरा ठहराव से छपरा के यात्रियन के केराकत आ आसपास के क्षेत्रन जाये के सहूलियत मिली। आज केराकत रेलवे स्टेशन पs सबेरे 08:00 से आयोजित समारोह में माननीय सांसद मछली शहर श्री बी पी सरोज द्वारा गाड़ी सं. 09065 सूरत-छपरा साप्ताहिक सुपरफास्ट एक्सप्रेस के हरियर झंडी दिखाके ठहराव के सुभारंभ कइल गइल।

एह अवसर पs अपर मंडल रेल प्रबंधक (इन्फ्रा) श्री रोशन लाल यादव समेत वाराणसी मंडल के वरिष्ठ अधिकारी उपस्थित रहे लो। छपरा सूरत साप्ताहिक सुपरफास्ट छपरा से चले वाली प्रमुख ट्रेनन में से एगो बा। गुजरात के सूरत खातिर एह ट्रेन से भारी संख्या में लोग यात्रा करेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]