[the_ad_group id="30365"]

छत्तीसगढ़: गरियाबंद के इ गांव कs देले बा चुनाव के बहिष्कार, नेता के एंट्री पs बैन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

छत्तीसगढ़ में विधानसभा चुनाव होखे जा रहल बा। अइसना में सगरी दल आ ओह लोग के नेता तइयार हो गइल बाड़े आ चुनावी मैदान पs आपन पारी खेले खातिर तइयार बाड़े. बाकिर छत्तीसगढ़ के गरियाबंद जिला के एगो गाँव बा जहाँ जनता बोर्ड पs लिखले बा कि एह गाँव में राजनेता के प्रवेश पs रोक बा। एकरा अलावे गांव के लोग भी चुनाव के बहिष्कार कईले बाड़े। गांव के लोग के ए कदम के पीछे के कारण भी सोझा आईल बा।

पूरा बात का बा?

गरियाबंद के देवभोग तहसील के परेवापाली गांव के लोग में बहुत नाराजगी बा।15 साल में 5 मांग पूरा ना होखे के चलते गांव के लोग ए चुनाव के बहिष्कार कs देले बाड़े। गांव के आबादी लगभग 800 लोग बा। लेकिन मांग पूरा ना होखे के चलते गांव के लोग गांव छोड़ के जातारे।

गांव के लोग के का मांग बा?

गाँव के लोग के मांग बा कि गाँव के सेनमूडा आ निष्टीगुड़ा से जोड़े खातिर कंक्रीट के सड़क होखे। एकरा अलावा गांव के लोग पुलिया निर्माण बनावे अवुरी नहर के मरम्मत के बात भी करतारे। गांव के लोग के लगावल पोस्टर में गांव के लोग 5 प्वाइंट्स लिखले बाड़े।

* प्रधानमंत्री, ना सड़क त ना वोट

* ना प्राथमिक विद्यालय के भवन त ना वोट

*ना उपभोक्ता भंडार त ना वोट

*ना पुल त ना वोट

*नहर के मरम्मत ना भइल त वोट ना

एकरा अलावे गांव के लोग गांव के बहरी एगो बोर्ड पs लिखले बाड़े कि राजनेता के इहाँ आवे के मनाही बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]