[the_ad_group id="30365"]

दिवाली-छठ पs घर जाइल भइल आसान, दिल्ली-पटना खातिर चली स्पेशल वंदे भारत एक्सप्रेस, जानी टाइम टेबल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

त्योहार के मौसम में यात्रियन के बढ़त भीड़ के देखत भारतीय रेलवे विशेष ट्रेन चलावे के फैसला कईले बिया। खास बात इs बा कि पहिला बेर दिवाली अवुरी छठ पूजा के दौरान घर से जाए वाला यात्री खातीर वंदे भारत एक्सप्रेस के विशेष ट्रेन के रूप में शामिल कईल गईल बा। नई दिल्ली-पटना खातिर वंदे भारत स्पेशल ट्रेन चलावल जाई। 16 गो कोच के संगे वंदे भारत एक्सप्रेस करीब साढ़े एगारह घंटा में नई दिल्ली से पटना के यात्रा करी।

52 गो स्पेशल ट्रेन के मंजूरी मिल गइल

रेलवे के मुताबिक अगिला महीना दिल्ली से लाखों यात्री बिहार, झारखंड अवुरी उत्तर प्रदेश में दिवाली अवुरी छठ पर्व मनावे खातीर अपना घरे जईहे। हर साल रेलवे इनका खातिर पूजा स्पेशल ट्रेन चलावेले। एह साल भी अब ले 52 विशेष ट्रेन के संचालन के मंजूरी मिल गईल बा। एह ट्रेनन से दुनु दिशा में कुल 522 यात्रा होखी। इनका माध्यम से करीब 10 लाख लोग के सीट के इंतजाम हो गईल बा। एकरा संगे कुछ अवुरी ट्रेन चलावे के तैयारी भी चलता। जदी सूत्र पs विश्वास कईल जाए त ए साल उत्तरी रेलवे यात्री खातीर करीब 18 लाख सीट उपलब्ध करावे के कोशिश करतिया।

वंदे भारत के ट्रेन कब चली?

वंदे भारत एक्सप्रेस 11, 14 आ 16 नवम्बर के सबेरे 7:25 बजे नई दिल्ली स्टेशन से रवाना होखी आ साँझ सात बजे पटना चहुँप जाई। वंदे भारत के एह 994 किलोमीटर लंबा सफर लगभग 11 घंटा 35 मिनट में पूरा होखे के संभावना बा। बदला में 12, 15 आ 17 नवंबर के सबेरे 7:30 बजे पटना से रवाना होखी आ साँझ सात बजे नई दिल्ली चहुँपे के संभावना बा। ए दौरान वंदे भारत एक्सप्रेस प्रयागराज जंक्शन पs 5 मिनट अवुरी बाकी स्टेशन पs मात्र 2 मिनट रुकी। वंदे भारत एक्सप्रेस राह में दुनो दिशा में कानपुर, प्रयागराज, पंडित दीनदयाल उपाध्याय जंक्शन, बक्सर अवुरी आरा स्टेशन पs रुकी। इ ट्रेन नवंबर में नई दिल्ली से पटना के बीच कुल 6 यात्रा करी।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]