[the_ad_group id="30365"]

छपरा: पोखरा में डूबल लइका , एक दिन बाद मिलल शव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

छपरा के परसा में एगो बच्चा के पानी से भरल गड्ढे में डूबे से मौत हो गइल। बियफे के शव मिले के बाद परिजन में हाहाकार मच गइल। बुध के शाम लइका आपन परिवार के साथे खेत में काम करे गइल रहे। उहे समय ओकर मौत हो गइल।

बियफे के सुबेरे शव बरामद भइल। पुलिस शव के पोस्टमार्टम के खातिर छपरा सदर अस्पताल भेज देलस। मृतक के पहचान अंश कुमार (9) के रूप में भइल। घटना परसा थाना क्षेत्र के सुगनी गांव के बा। परिजन बतवले कि लइका बुध के साझे आपन परिजन के साथे खेत के तरफ घूमें गइल रहे। परिवार लोग खेती-किसानी में व्यस्त हो गइल रहले।

लइका पास के एगो गडहा  में स्नान करे उतरल । गडहा में ज्यादा पानी होखे के चलते डूब गइल। घंटन ले खोजबीन करल गइल, बाकिर कउनो सुराग ना मिलल। बियफे के दुबारा गोताखोरन अउर परिजन द्वारा खोजबीन करल गइल। शव पानी भरल गडहा के तलहटी से बरामद भइल। पुलिस के सूचना देवल गइल। पुलिस पोस्टमार्टम खातिर शव के सदर अस्पताल भेज देलस ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]