[the_ad_group id="30365"]

Moradabad: ईंटा से भरल ट्रैक्टर ट्रॉली में जा घुसल DCM, चार लोगन के मउत; घायल अस्पताल में भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मैनाठेर में ईंटा से भरल ट्रैक्टर ट्रॉली में डीसीएम घुस गइल। एह हादसा में चार लोगन के मउत हो गइल बा। इ हादसा मुरादाबाद-संभल रोड पs गुरुवार दुपहरीया के भइल।

मैनाठेर थाना क्षेत्र बियफे दुपहरीया करीब एक बज के तीस मिनट पs मुरादाबाद संभल रोड पs ईंटा से भरल ट्रैक्टर ट्राली में पीछे से डीसीएम घुस गइल। एह हादसा में डीसीएम पs सवार चार लोगन के मउत हो गइल। बाकिर दु लोग घायल बतावल जा रहल बा। पुलिस घायलन के जिला अस्पताल में भर्ती करलस।

पुलिस के मोताबिक, मैनाठेर थाने से करीब 200 मीटर दूर संभल रोड पs एगो ट्रैक्टर ट्राली खडा रहे। एह दउरान संभल से मुरादाबाद के ओर जा रहल डीसीएम पीछे से घुस गइल। हादसा के सूचना मिलते पुलिस मउका पs पहुंच गइल
डीसीएम में फंसल घायलन के बाहर निकाल के 108 नंबर एंबुलेंस से जिला अस्पताल भेजल गइल। जिला अस्पताल में चिकित्सकन चार घायलन के मृत घोषित कs देलस। बाकिर गंभीर रूप से घायलन के इलाज कइल जा रहल बा । मैनाठेर थाना प्रभारी मनोज कुमार बतवलें कि अबो मृतकन के पहचान ना हो पाइल बा। डीसीएम आगरा से रामपुर जात रहे।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]