[the_ad_group id="30365"]

सीएम योगी कैप्टन अंशुमान के दीहे श्रद्धांजलि: परिवार के 50 लाख रुपिया के आर्थिक सहायता आ एगो सदस्य के नौकरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सियाचिन में शहीद भइलें कैप्टन अंशुमान सिंह के भावभीनी श्रद्धांजलि देले बाड़े अउर उनकरी परिवार खातिर आर्थिक सहायता के एलान कइलें बाड़ें।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ  सियाचिन में शहीद भइल जनपद देवरिया निवासी सेना के कैप्टन अंशुमान सिंह के भावभीनी श्रद्धांजलि दीहलें। मुख्यमंत्री शहीद के परिजन के 50 लाख रुपिया के आर्थिक सहायता प्रदान करे के घोषणा कइलें बाड़े।

 

शहीद के परिवार के एगो सदस्य के सरकारी नौकरी देवे अउर जनपद के एगो सड़क के नामकरण शहीद अंशुमान सिंह के नाम पs करे के घोषणा कइलें बाड़ें।

मुख्यमंत्री शहीद कैप्टन अंशुमान सिंह के शोक संतप्त परिजन के प्रति संवेदना व्यक्त करत कहलें कि शोक के एह घड़ी में राज्य सरकार उनकरी साथे बाड़े। प्रदेश सरकार द्वारा शहीद के परिवार के कुल संभव मदद प्रदान कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]