[the_ad_group id="30365"]

छपरा के तृप्ति तान्या के बाल वैज्ञानिक प्रोत्साहन पुरस्कार: पद्मश्री रविंद्र कुमार सिंह कइलें सम्मानित, राज्यस्तरीय बाल कांग्रेस प्रतियोगिता में लहरवले रहली परचम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के तान्या राज्यस्तरीय बाल कांग्रेस प्रतियोगिता में आपन परचम लहरवले बाड़ी। जवना खातिर तान्या के बिहार बाल वैज्ञानिक प्रोत्साहन पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल। ई सम्मान उनका पद्मश्री रविंद्र कुमार सिंह के हाथन से राष्ट्रीय बाल विज्ञान कांग्रेस के ओर से 22 से 25 नवंबर तक पटना के श्री कृष्ण विज्ञान केंद्र में आयोजित परीक्षा के बाद प्रदान कइल गइल।

बता दीं कि तृप्ति तान्या छपरा सदर अस्पताल के जिला प्रतिरक्षण कार्यालय के स्वास्थ्य कर्मी निरंजन कुमार सिंह आ अंजू सिंह के बेटी हई। पुरस्कार मिलला के बाद परिचितन आ रिश्तेदारन में खुसी के लहर बा।

तृप्ति जिला स्तर पs चयनित होखला के बाद पटना में आयोजित चार दिवसीय विज्ञान कांग्रेस में भाग लेले रहली। पुरस्कार स्वरूप उनका के प्रशस्ति पत्र के संगे पांच हजार एक सौ रुपिया के पुरस्कार राशियो दिहल गइल। उनका एह सफलता के बाद माई-बाबूजी आ गुरुजनन में खुशी के लहर बा। ओहिजा उनका सफलता पs लोग बधाइयो दे रहल बा। तृप्ति अपना सफलता के श्रेय माई-बाबूजी आ गुरुजनन के देले बाड़ें। ऊ बतवली कि ऊ वैज्ञानिक बनके देस के सेवा कइल चाहत बाड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]