नियमित योग से होई तन आ मन खुशहाल: निशुल्क योग कक्षा लगा के दिहल जाई स्वास्थ संदेश-धर्मेन्द्र योगी 

Share

गोरखपुर। एह आधुनिक दौर में लोगन के भीतर हो रहल समस्यन के देखत ओम फिटनेस योगा के सब सदस्य लोग ई बीड़ा उठावे के प्रयास कइल कि गोरखपुर नगरी कर हरिद्वार नगरी जइसन बनावे खातिर गोरखपुर के हर एक कस्बन में योग आयुर्वेद संदेश के निशुल्क एक दूसरा तक साझा करी लो।

अभी गोरखपुर में 3 गो क्लास दिव्य ज्योति जागृती संस्थान, अम्बेडकर पार्क तारामंडल, पन्त पार्क गोरखपुर विश्व विधालय के सोझा में निशुल्क चलवाला के बाद चउथा क्लास जटेपुर उत्तरी काली मंदिर में हरदिन सबेरे 5:00 बजे से सुरु कइल गइल बा। जवना में हरदिन लोग भाग लेके अपना जिनगी के स्वस्थमय आ खुशहालमय बनावे के प्रयास कर रहल बा लो। ई क्लास युवा योगाचार्य धर्मेन्द्र योगी जी के नेतृत्व में योग प्रशिक्षिका सरिता प्रजापति जी द्वारा संचालित कइल जा रहल बा।

एह कार्यक्रम के मुख्य सहयोगी कुशीनगर खंड विकास अधिकारी श्री दुर्गा प्रसाद प्रजापति, योग आयुर्वेद नारी सशक्तिकरण अभियान के जिला निरीक्षक प्रभारी शेषमणि प्रजापति आ मंदिर के पुरोहित रुपेश मिश्रा जी बाड़ें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-