[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में 13 जगहन पs बस क्यू शेल्टर बनवाई नगर निगम : तेज घाम आ बरखा में ना होई पैसेंजर्स के परेसानी, हर साल मिली 6.43 लाख रुपिया 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में सिटी बस के इंतजार करे वाला पैसेंजर्स के अब तेज घाम आ बरखा ना झेले के पड़ी। एकरा से बचे खातिर नगर निगम शहर में 13 जगहन पs बस क्यू शेल्टर बनवाने जा रहल बा। इहां यात्रियन के बइठे खातिर चेयर के संगही बस के आगमन आ प्रस्थान के जानकारियो उपलब्ध होई। बस क्यू शेल्टर के निर्माण करे खातिर फर्म के चयन कs लिहल गइल बा। जल्दिये फर्म के वर्क आर्डर जारी कs दिहल जाई। एकरा बाद निर्माण के प्रक्रिया सुरू हो जाई।

सिटी बस सेवा खातिर नगर निगम सार्वजनिक निजी भागीदारी PPP मोड पs 13 स्थानन पs बस क्यू शेल्टर के निर्माण कराई। ई-टेंडर के जरिए JTM सर्विसेज प्राइवेट लिमिटेड फर्म के चयन कइल गइल बा। एसे नगर निगम के सालाना 6.43 लाख रुपिया मिली।

नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल बतवलें कि बस क्यू शेल्टर से सिटी बस के यात्रियन के बरखा आ घाम में राहत मिली। बेंचो लगावल जाई। पहिला चरण में PPP मोड पs 13 जगहन पs बस क्यू शेल्टर के निर्माण कइल जा रहल बा। एकरा पs लागे वाला विज्ञापनो से निगम के आय बढ़ी।

एह जगहन पs होई निर्माण

नगर निगम के ओर से बस क्यू शेल्टर के निर्माण महुआतर, बरगदवां तिराहा, गोरखनाथ अस्पताल, धर्मशाला चौराहा, छात्रसंघ चौराहा, काली मंदिर चौक, AIIMS, एयरपोर्ट के लगे, झुंगिया गेट के लगे, शास्त्री चौक, MMMUT गेट, ट्रांसपोर्टनगर चौराहा, नौसढ़ चौराहा पs करवावल जाई। इहां पs यात्रियन के बइठे खातिर बेंचो लगावल जाई। चयनित फर्म अपना खर्चा पs निगम के ओर से बतावल गइल डिजाइन आ गुणवत्ता के मोताबिक निर्माण करी।

एकर के एल्युमिनियम आ आउर मेटल के इस्तेमाल से बनावल जाई। फर्म, बस क्यू शेल्टर पs नगर निगम के निर्धारित नियमन के पालन करत विज्ञापन लगा सकी आ एह बस क्यू शेल्टर्स के साफ-सफाई के धेयानो रखी। निगम के एसे 5 साल तक 6.43 लाख रुपिया सालाना मिली। शेल्टर के डिजिटल इंफॉर्मेशन बोर्ड पs बस के आगमन आ प्रस्थान के जानकारी मिलिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]