[the_ad_group id="30365"]

गरीब रथ एक्सप्रेस में सफर करे वाला यात्री ध्‍यान देस, पांच दिन ना चली इ ट्रेन; चेयरकार के बुकिंग बंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ई खबर गरीब रथ से सफर करे वाला यात्रियन खातिर बा। एह घरी देश के दू दर्जन से अधिका गरीब रथ एक्सप्रेस यात्रियन के अपना मंजिल ले चहुँपावे में लागल बाड़ी सन। गरीब रथ एक्सप्रेस में चेयर कार के बुकिंग बंद कऽ दिहल गइल बा। संगही, इ ट्रेन 1 अगस्त से 5 अगस्त तक रद्द कऽ दिहल गइल बा।

अब गरीब रथ एक्सप्रेस में यात्रा अधिका सुरक्षित आ सुविधाजनक होखी। अब एह ट्रेन में चेयर कार कोच ना लगावल जाई। एकर बुकिंग 1 अगस्त 2024 से बंद हो गइल बा।

अब पारंपरिक आईसीएफ (इंटीग्रेटेड कोच फैक्ट्री) के रेक के जगह एलएचबी (लिंक हॉफमैन बुश) रैक के इस्तेमाल कइल जाई। एकर सगरी कोच तीसरा एसी इकोनॉमी क्लास के होखी। गरीब रथ के तीसरा एसी कोच के 72 बर्थ बा। एकरा बदला थर्ड एसी इकोनॉमी में 81 बर्थ उपलब्ध होई।

किराया थर्ड एसी से कम होई

एहसे एक कोच में नौ आ पूरा ट्रेन में 162 बर्थ बढ़ जाई। एकरा संगे आउर यात्री यात्रा कऽ सकेले। एहसे पूरब जाए वाली ट्रेन में कन्फर्म टिकट ना मिले के समस्या दूर हो जाई। एकर किरायो तीसरा एसी से आठ से 10 प्रतिशत कम बा।

पांच दिन खातिर ट्रेन रद्द 

एक अगस्त से यात्री के चेयर कार में सफर करे के सुविधा ना मिली। सहरसा-अमृतसर गरीब रथ में तीसरा एसी आ चेयर कार दुनु के टिकट 31 जुलाई ले मिल रहल बा। इ ट्रेन 1 अगस्त से 5 अगस्त तक रद्द हो गइल बिया। एकरा बाद 6 अगस्त से चेयर कार के टिकट नइखे मिलत।

यात्री लोग के बेहतर सुविधा मिली

तीसरा एसी इकोनॉमी क्लास के कोच में फायरप्रूफ उपकरण, फोल्ड करे लायक स्नैक टेबल, आधुनिक शौचालय, रीडिंग लाइट आ यूएसबी चार्जिंग प्वाइंट दिहल गइल बा।

जदि रउवा गरीब रथ एक्सप्रेस से यात्रा करे वाला बानी या एह ट्रेन में आपन टिकट बुक कऽ लेले बानी तऽ घर से निकले से पहिले ट्रेन के बारे में पूरा जानकारी पता कऽ लिही। ओकरा बाद घर से निकली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]