चीन के हरा दिहलख़ भारत : दुनिया के सबसे ऊँच सुरंग लद्दाख में बन जाई, जानीं केतना ऊँचाई पर निर्माण होई

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 27, 2024

लद्दाख के कारगिल में शिंकून ला सुरंग परियोजना के काम शुरू हो जाई। शुक्रवार के कारगिल पहुंचल पीएम नरेंद्र मोदी सुरंग बनावे खातीर पहिला विस्फोट कईले। एह परियोजना में 4.1 किमी लंबा जुड़वा ट्यूब सुरंग

Share

लद्दाख के कारगिल में शिंकून ला सुरंग परियोजना के काम शुरू हो जाई। शुक्रवार के कारगिल पहुंचल पीएम नरेंद्र मोदी सुरंग बनावे खातीर पहिला विस्फोट कईले। एह परियोजना में 4.1 किमी लंबा जुड़वा ट्यूब सुरंग बा। एकर निर्माण निमू-पदुम-दर्चा सड़क पs करीब 15,800 फीट के ऊंचाई पs होई। एकरा संगे सब मौसम में लेह से कनेक्टिविटी स्थापित हो जाई।

ई दुनिया के सबसे ऊँच सुरंग होई। पीएमओ के मुताबिक, शिंकून ला सुरंग से ना सिर्फ हमनी के सशस्त्र बल अउरी उपकरण के तेजी से अउरी कुशल तरीका से आवाजाही सुनिश्चित होई, बलुक लद्दाख में आर्थिक आ सामाजिक विकास में भी बढ़ोतरी होई।

पहुँचे के सबसे छोट रास्ता

एक बेर ई परियोजना पूरा होखला के बाद साल भर में सब मौसम में लद्दाख तक सैनिक अउरी हथियार पहुंचावल आसान हो जाई। चीन के सीमा पs लगातार तनाव बा, अइसन स्थिति में सेना के एगो नाया भरोसा मिली। लद्दाख के सीमावर्ती इलाकन तक पहुंचे खातिर ई सबसे छोट रास्ता होई। एलएसी आ एलओसी पs सेना तक तुरंत पहुंचे में मददगार होई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.