RRB JE Recruitment 2024: आरआरबी जूनियर इंजीनियर भर्ती खातिर नोटिफिकेशन जारी, आवेदन 30 जुलाई से होई शुरू

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 27, 2024

रेलवे भर्ती बोर्ड आरआरबी जेई भर्ती 2024 खातिर अधिसूचना जारी कऽ के बहाली के घोषणा कइले बा। अधिसूचना के मोताबिक एह बहाली खाती आवेदन प्रक्रिया 30 जुलाई से शुरू होई आ 29 अगस्त 2024 तक

Share

रेलवे भर्ती बोर्ड आरआरबी जेई भर्ती 2024 खातिर अधिसूचना जारी कऽ के बहाली के घोषणा कइले बा। अधिसूचना के मोताबिक एह बहाली खाती आवेदन प्रक्रिया 30 जुलाई से शुरू होई आ 29 अगस्त 2024 तक पूरा हो जाई। एह बहाली के माध्यम से जूनियर इंजीनियर आ केमिकल सुपरवाइजर के 7951 पद पर नियुक्ति कइल जाई।

रेलवे में सरकारी नौकरी के तइयारी करे वाला उम्मीदवारन खातिर एगो खुशखबरी बा। जूनियर इंजीनियर भर्ती 2024 खातिर अधिसूचना (सीईएन संख्या 03/2024) रेलवे भर्ती बोर्ड (आरआरबी) से जारी कइल गइल बा। अधिसूचना के मोताबिक इ बहाली कुल 7951 पद पs होई, जवना खातिर आवेदन प्रक्रिया 30 जुलाई 2024 से शुरू हो जाई।

आवेदन शुरू होखते उम्मीदवार रेलवे के आधिकारिक वेबसाइट indianrailways.gov.in पs जाके ऑनलाइन फार्म भर सकेले। आवेदन पत्र भरला से पहिले उम्मीदवार के आपन पात्रता के जांच करे के होई।

योग्यता आ मापदंड 

आरआरबी जेई भर्ती 2024 खातिर आवेदन करे खातिर उम्मीदवार के पद के मोताबिक मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय/संस्था से संबंधित क्षेत्र में इंजीनियरिंग के डिग्री/डिप्लोमा आदि लेवे के होई। एकरा संगे-संगे इ ध्यान में राखत कि 1 जनवरी 2025 के रूप में उम्मीदवार के न्यूनतम उम्र 18 साल से कम ना होखे के चाही आ अधिकतम उम्र 36 साल से जादे ना होखे के चाही। पात्रता से जुड़ल विस्तृत विवरण खातिर उम्मीदवार के आधिकारिक अधिसूचना के जांच करे के होई।

आवेदन 30 जुलाई से शुरू हो जाई

आरआरबी जेई भर्ती 2024 खातिर आवेदन 30 जुलाई से शुरू हो जाई। आवेदन शुरू होखते उम्मीदवार रेलवे के आधिकारिक वेबसाइट indianrailways.gov.in प जाके जोन के हिसाब से वेबसाइट के चयन क के आवेदन कर सकऽ तारे। आवेदन पत्र भरला के आखिरी तारीख 29 अगस्त 2024 तय कर दिहल गइल बा।

केतना शुल्क लिहल जाई

एह बहाली में आवेदन पत्र भरला के साथे जनरल, ओबीसी आ ईडब्ल्यूएस श्रेणी के उम्मीदवारन के पाँच सौ रुपिया के फीस जमा करे के पड़ी। अनुसूचित जाति, अनुसूचित जनजाति पीएच श्रेणी के आवेदन शुल्क 250 रुपया तय कइल गइल बा। आवेदन शुल्क डेबिट कार्ड, क्रेडिट कार्ड भा नेट बैंकिंग के माध्यम से दिहल जा सकता।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.