[the_ad_group id="30365"]

अब 7 घंटा कॉलेज में रही लो शिक्षक-कर्मचारी : पीजी विभाग के कर्मचारियन आ शिक्षकन खातिर नया आदेस जारी

PHD Enterance Exam
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जयप्रकाश विश्वविद्यालय अंतर्गत संचालित सब कॉलेजन  आ जेपीयू के पीजी विभाग में कार्यरत शिक्षक आ कर्मचारी अब सबेरे 10 बजे से सांझ पांच बजे तक कार्यस्थल पs मवजूद रही लो। कुलपति प्रो. प्रमेन्द्र कुमार वाजपेयी शिक्षकन आ कर्मचारियन खातिर सात घंटा के ड्यूटी निर्धारित कइलें बाडें।

कुलपति विश्वविद्यालय के शैक्षणिक बेवस्था के दुरुस्त करे खातिर सब शिक्षकन आ कर्मचारियों से सहजोग करे के अपील कइले बाड़ें। एह संदर्भ में सब कॉलेजन के प्राचार्य आ पीजी विभागाध्यक्षन के नोटिफिकेशन जारी कs दिहल गइल बा। कुलपति बतवलें कि – कक्षा में छात्रन के उपस्थिति बढ़ावे के लेके विश्वविद्यालय प्रशासन प्रयासरत बा।

छात्र-छात्रा के बढ़ी मनोबल

एकरा खातिर खाली छात्रन के ना बलुक शिक्षकन के भी जागरूक होखे के पड़ी। जदि शिक्षक पूरा समय कार्य स्थल पs मवजूद रही लो तs छात्र-छात्रा के मनोबलो बढ़ी। ऊ बतवलें कि कॉलेजन आ पीजी विभागन में कार्यालय से संबंधित कइयन कामकाज पेंडिंग बा। कइयन जगह से अइसन शिकायत मिलेला कि कर्मचारी निर्धारित समय पs कार्यालय ना आवेला लो।

विश्वविद्यालय कावर से अब हरदिन सब कॉलेजन आ पीजी विभागन में वर्ग संचालन के मॉनिटरिंग करावल जाई। शिक्षकन के प्रतिदिन अपना शेड्यूल के अनुसार क्लास पूरा कइला के बाद कवनो विषय के पढ़ाई करावल गइल बा तs वर्ग में केतना छात्र-छात्राएं उपस्थित रहे लो। एकर जानकारी प्राचार्य के देवे के होई। ओहिजा प्राचार्य कावर से सांझ पांच बजे के बाद वर्ग संचालन आ उपस्थिति के ब्योरा विश्वविद्यालय के सबमिट करे के होई।

शिक्षकन के अनुपस्थित रहे के देवे के होई जानकारी

कवना दिन केतना शिक्षक अनुपस्थित रहे लो। एकर जानकारी अब हरदिन विश्वविद्यालय के देवे के होई। शिक्षकन आ कर्मचारियन के सात घंटा उपस्थिति सुनिश्चित करावे के संगही वर्ग में छात्रन के उपस्थिति बढ़ावे के लेके अब कार्यक्रम चलावल जाई। जल्दिये सब कॉलेजन में छात्र आ उनका अभिभावकन के संगे संवाद कार्यक्रम होई। जवन छात्र-छात्रा नियमित रूप से क्लास नइखे आ रहल लो। ओह लोगन के नामांकन के रद्द करे के अनुशंसा छात्र कल्याण विभाग से कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]