Jaunpur News: अटाला मस्जिद ना अटाला मंदिर हऽ… सर्वे करे पहुंच गइल कोर्ट टीम, ताला लगा के भाग गइले मौलाना

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 27, 2024

जौनपुर : जौनपुर के ऐतिहासिक अटाला मस्जिद के लेके जारी विवाद में एगो नया मोड़ आइल बा। मस्जिद परिसर के सर्वे करे पहुंचल सिविल कोर्ट के टीम सर्वे के काम ना कर पवलस काहे कि

Share

जौनपुर : जौनपुर के ऐतिहासिक अटाला मस्जिद के लेके जारी विवाद में एगो नया मोड़ आइल बा। मस्जिद परिसर के सर्वे करे पहुंचल सिविल कोर्ट के टीम सर्वे के काम ना कर पवलस काहे कि मस्जिद में ताला लागल मिलल रहे। संतोष कुमार मिश्र अदालत में मुकदमा दर्ज करवले बाड़न कि अटाला मस्जिद के अटाला मंदिर होखे के दावा कइल गइल बा जवना के आदेश पs कोर्ट मस्जिद परिसर के नाप के सर्वेक्षण रिपोर्ट तइयार करे के आदेश देले रहे। एह आदेश के पालन करत सिविल कोर्ट के टीम आज सर्वेक्षण करावे पहुंचल रहे। बतावल जाता कि मस्जिद में जानबूझ के ताला लगा दिहल गइल।

जब टीम मस्जिद परिसर में पहुंचल तऽ ओकरा में ताला लागल मिलल, जवना के चलते टीम के भीतर ना जाए दिहल गइल। अइसना में मस्जिद के बहरी से अमीन से निरीक्षण करावे के बाद टीम के वापस आवे के पड़ल। अब टीम ए बाहरी निरीक्षण के आधार पs सर्वेक्षण रिपोर्ट तैयार क के कोर्ट में पेश करी।

ध्यान देवे वाला बात बा कि अटाला मस्जिद के लेके चलत विवाद बहुत दिन से सुर्खियन में बा। हिन्दू पक्ष के दावा बा कि इ मस्जिद पहिले मंदिर रहे, जवना के बाद में गिरा के मस्जिद में बदल दिहल गइल, जबकि मुस्लिम पक्ष के कहनाम बा कि इ मस्जिद ह अवुरी कवनो धार्मिक रूपांतरण नइखे भइल। इ मामला जौनपुर के सिविल जज सीनियर डिवीजन के कोर्ट में लंबित बा।

दरअसल कोर्ट में पेश दावा के मोताबिक भारत के पुरातत्व सर्वेक्षण के बहुत रिपोर्ट में अटाला मस्जिद के तस्वीर दिहल गइल बा। जवना में त्रिशूल, फूल, हिबिस्कस के फूल आदि मिलल बा। साल 1865 के बंगाल के एशियाटिक सोसाइटी के जनरल में अटाला मस्जिद के भवन पs कलश के आकृति के मौजूदगी के जिक्र कइल गइल बा। दावा कइल जाता कि अटाला मस्जिद अटाला माता मंदिर के मूल भवन हऽ। जवन भारत के पुरातत्व सर्वेक्षण के तहत संरक्षित स्मारक बा आ राष्ट्रीय महत्व के स्मारक बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.