Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bombay HC: उपराष्ट्रपति धनखड़ आ रिजिजू के खिलाफ बॉम्बे हाईकोर्ट में याचिका, पद से हटावे के मांग

बॉम्बे लॉयर्स एसोसिएशन के ओर से दायर याचिका में मांग कइल गइल बा कि न्यायपालिका पs दुनों के हालिया बयान भारत के संविधान में विश्वास के कमी देखावत बा। अइसन में ओह लोगन के अपना-अपना पदन से बर्खास्त कइल जाये के चाहीं।

618

उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ आ कानून मंत्री किरेन रिजिजू के खिलाफ बॉम्बे हाईकोर्ट में याचिका दायर कइल गइल बा। याचिका में कहल गइल बा कि न्यायपालिका पs दुनो के हालिया बयान भारत के संविधान में विश्वास के कमी देखावत बा। अइसन में ओह लोगन के अयोग्य घोषित कइल जाये के चाहीं।

बॉम्बे लॉयर्स एसोसिएशन के ओर से दायर याचिका में मांग कइल गइल बा कि उच्च न्यायालय उपराष्ट्रपति धनखड़ आ कानून मंत्री रिजिजू के आधिकारिक कर्तव्यन के निर्वहन करे से रोके आ घोषित करे कि कि दुनो अपना सार्वजनिक आचरण आ अपना बयानन के माध्यम से भारत के संविधान में विश्वास के कमी देखावत अपना संवैधानिक पदन के धारण करे से अयोग्य बा लो।

 

448420cookie-checkBombay HC: उपराष्ट्रपति धनखड़ आ रिजिजू के खिलाफ बॉम्बे हाईकोर्ट में याचिका, पद से हटावे के मांग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.