Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Jammu and Kashmir: घाटी से पहिला बेर परफ्यूम IED बरामद, डीजीपी दिलबाग सिंह कइलें खुलासा

जम्मू-कश्मीर के डीजीपी दिलबाग सिंह पाकिस्तान के आड़े हाथो लेते ओकरा पs आतंकवाद फैलावे के आरोप लगवलें बाड़ें। पाकिस्तान जम्मू-कश्मीर में लोगन के बीच सांप्रदायिक रूप से बांटल चाह रहल बा। जम्मू-कश्मीर ओकरा निशाना पs बा। 

674

जम्मू-कश्मीर के डीजीपी दिलबाग सिंह पाकिस्तान के आड़े हाथन लेलें। ऊ पड़ोसी देस पs आतंकवाद फइलावे के आरोप लगवले बाड़े। ऊ कहलें कि पाकिस्तान अपना जमीन से आतंकवाद फइलावे आ दुनिया भर में सइयन से बेसी निर्दोष लोगन के मारे खातिर बदनाम बा। जम्मू-कश्मीर ओकरा निशाना पs बा। पाकिस्तान जम्मू-कश्मीर में लोगन के सांप्रदायिक रूप से बांटल चाह रहल बा। ऊ बतवलें कि पहिला बेर परफ्यूम आईईडी के घाटी में इस्तेमाल कइल गइल।

सरकारी टीचर बम ब्लास्ट के मुख्य आरोपित

डीजीपी नरवाल हमला के बारे में जानकारी देत कहलें कि 20 जनवरी के दु गो बम लगावल गइल रहे। 21 जनवरी के 20 मिनट के अंतराल पs दु गो बम विस्फोट कइल गइल, ताकि जादे से जादे लोगन के मारल जा सके। पहिला आईईडी विस्फोट के बाद 9 लोग घायल हो गइल।

पुलिस एगो आतंकवादी आरिफ के गिरफ्तार कइले बिया, जवन 3 साल से पाकिस्तानी हैंडलर के संपर्क में रहे। सरकारी टीचर आसिफ नरवाल में भइल दोहरा बम ब्लास्ट में मुख्य आरोपित बा। आरोपित मोहम्मद आरिफ फरवरी, 2022 के जम्मू के शास्त्री नगर में एगो आईईडी धमाका कइले रहे। एकरा अलावे पुलिस महानिदेशक दावा कइलें कि कटडा बस में भइल धमाका एकरे कइल रहे। साल 2010 में आरिफ आरईटी टीचर नियुक्त भइल रहे। साला 2016 में ऊ शिक्षक बन गइल रहे। आरिफ के मामा पाकिस्तान में बाड़े। बीतल साल दिसंबर माह में ड्रोन के माध्यम से पाकिस्तान से आरिफ के आईईडी भेजल गइल रहे।

जम्मू में पहिला बेर पकड़ल गइल परफ्यूम आईईडी

जम्मू के नरवाल ट्रांसपोर्ट यार्ड में 20 जनवरी के भइल दु गो आईडी धमाकन के आरोप में जम्मू पुलिस सरकारी शिक्षक मोहम्मद आरिफ निवासी रियासी के गिरफ्तार कइले बिया। आतंकी से पुलिस परफ्यूम आईडी बरामद कइले बिया। जवन कमरा में खुशबू करे वाला बोतल के समान बा। जम्मू में पहिला बेर परफ्यूम आईईडी पकड़ल गइल बा।

साभार: दैनिक जागरण

449050cookie-checkJammu and Kashmir: घाटी से पहिला बेर परफ्यूम IED बरामद, डीजीपी दिलबाग सिंह कइलें खुलासा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.