[the_ad_group id="30365"]

पश्चिम बंगाल के नॉर्थ 24 परगना में स्कूल पर बम से हमला, धमाका में उड़ गइल बिल्डिंग के छत, मौका पs पहुंचल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पश्चिम बंगाल के  नॉर्थ 24 परगना से बड़ खबर आ रहल बा। नार्थ 24 परगना के टीटागढ़ फ्री हाई स्कूल के छत पर बम फटले के खबर बा मीडिया रिपोर्ट के अनुसार एह धमाका में बिल्डिंग के छत गिर गइल बा।  धमाका आजु दोपहर करीब 12:15 बजे भइल।
बतावल जा रहल बा कि ओ समय बगल वाली बिल्डिंग में कक्षा चलत रहे। बम फटला के बाद छात्र-छात्रा लोग में दहशत के माहौल बा। स्कूल बैरकपुर औद्योगिक क्षेत्र के पास बा। पुलिस मौका पर पहुंच गइल बा अउरी जांच कs रहल बा कि बम केहू बहरा से फेंकल ह आ कि छत पर रखल रहे। ऊ बम के टुकड़ा बरामद कs लेहले बानें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]