[the_ad_group id="30365"]

संयुक्त राष्ट्र संघ में 26/11 आतंकियन के हैंडलर के वैश्विक आतंकी घोषित कइले पs चीन अटकवलस रोड़ा, अमेरिका रखले रहे प्रस्ताव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आतंकवाद के लेकर चीन आपन नजरिया बदले के तैयार नाइ बा। ऊ आपन हरकत से बेर-बेर एकर हिमायती अउरी समर्थक नजर आ रहल बक। उ अब मुंबई पर भइल 26/11 हमला में शामिल लश्कर-ए-तैयबा के आतंकी साजिद मीर के वैश्विक आतंकी घोषित करे में अड़ंगा डरलस। अमेरिका मीर के कालीसूची में डारे खातिर संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद में प्रस्ताव रखल गइल बा अउरी भारत एकर समर्थन कइले रहे। लेकिन चीन वीटो कs दिहलस।

संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद के अल-कायदा प्रतिबंध समिति 1267 के समक्ष साजिद मीर के वैश्विक आतंकवादी घोषित करे के प्रस्ताव रखले रहे। अमेरिका के लावल गइल प्रस्ताव में मीर के संपत्ति जब्त करे, यात्रा पर प्रतिबंध लगावे अउरी हथियार पs प्रतिबंध लगावे के आह्वान कइल गइल। अमेरिका मीर के उपर 50 लाख डॉलर के इनाम घोषित कs रखले बा। 26/11 हमला के मृतक में चूंकि छह अमेरिकी रहनें, एहलिए अमेरिका भी साजिद मीर के दबोचल चाहsता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]