[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के कैंट आ नकहा स्टेशन प बनी सैटेलाइट स्टेशन, छव ट्रेनन के होई इहां से परिचालन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के कैंट आ नकहा रेलवे स्टेशन के सेटेलाइट स्टेशन बनावे के कवायद तेज हो गइल बा। एह दुनो स्टेशनन से ट्रेन चलावे के तइयारी शुरू हो गइल बा। डीआरएम लखनऊ छव गो ट्रेनन के गोरखपुर के बजाए कैंट आ नकहा से चलावे आ टर्मिनेट करे के प्रस्ताव  दिहले बाड़ें। डीआरएम के प्रस्ताव एनई रेलवे के मुख्य परिचालन प्रबंधक कार्यालय में पहुंच गइल बा।

उमेद जतावल जा रहल बा कि विभाग द्वारा जल्दिये टर्मिनल बदले के प्रस्ताव के मंजूरी दे दिहल जाई। डीआरएम लखनऊ द्वारा तीन ट्रेन कैंट आ तीन ट्रेन नकहा से चलावे के प्रस्ताव दिहल गइल बा। कैंट से गोरखपुर से नरकटियागंज के तीन पैसेंजर आ नकहा से गोरखपुर से गोमतीनगर एक्सप्रेस, गोरखपुर से गोण्डा आ गोरखपुर से सिवान पैसेंजर शामिल बा।

कैंट आ नकहा के सेटेलाइट स्टेशन के रूप में विकसित करे के काम अब बहुते तेज हो गइल बा। कैंट में स्टेशन के भवन बनके तइयार हो गइल बा, एकरा अलावे सीसी रोड बना दिहल गइल बा। अब फुटओवर ब्रिज आ दु गो प्लेटफॉर्म बनावे के कामो बहुते हद तक पूरा हो गइल बा। कैंट में पुरनका तीनो लाइन प प्लेटफॉर्म के विस्तार कइल जा रहल बा। ताकि, एक्सप्रेस ट्रेन के खड़ा करे में दिक्कत ना आवे।

एकरा अलावे एगो फुटओवर ब्रिज के निर्माणो हो रहल बा। दुनो तरफ गार्डर लगा दिहल गइल बा। पहिले से मवजूद फुटओवर ब्रिज के बढ़ाके अब प्लेटफॉर्म एक से पांच तक कइल जा रहल बा। करीब 70 फीसदी काम हो चुकल बा। ओहिजा नकहा में एगो आउर प्लेटफॉर्म बनावे के काम बहुते तेजी से हो रहल बा। एचयूआरएल से यूरिया सप्लाई शुरू हो गइला के बाद एह स्टेशन के महत्व बहुते बढ़ गइल बा।

सीपीआरओ पंकज कुमार सिंह बतवले कि गोरखपुर रेलवे स्टेशन से होके जाये वाला ट्रेनन के संख्या पिछला बरिसन में बढ़ल बा। एकरा के धेयान में राखके गोरखपुर कैंट के सैटेलाइट स्टेशन के रूप में विकसित कइल जा रहल बा। एह स्टेशन प सब आधुनिक सुविधा प्रदान कइल जा रहल बा, जवना से आवे वाला समय मे कुछ ट्रेनन के गोरखपुर कैंट से चलावल जा सके। गोरखपुर रेलवे स्टेशन के डि-कंजेस्ट करे खातिर गोरखपुर कैंट आ नकहा रेलवे स्टेशन पकुछ ट्रेनन के टर्मिनेट करे प विचार चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]