अनंत अंबानी आ राधिका मर्चेंट के भइल रोका, सामने आइल सेलिब्रेशन के पहिला तस्वीर

Share

Anant Ambani Radhika Merchant Roka Ceremony: अंबानी परिवार में एह दिनन एक बेर फेर जश्न माहौल बा। हाले में मुकेश आ नीता अंबानी के बेटी ईशा अंबानी दु गो जुड़वा लईकन के जनम देले रहे रहली। ओहिजा अब मुकेश आ नीता के छोट बेटा अनंत अंबानी के रोका हो गइल बा। अनंत अंबनी के रोका राधिका मर्चेंट संग भइल बा। सोशल मीडिया पs सेलिब्रेशन के तस्वीर तेजी से वायरल हो रहल बा।

राजस्थान स्थित श्रीनाथजी मंदिर में भइल रोका

एह खास रस्म के निभावे खातिर पूरा अंबानी आ मर्चेंट परिवार राजस्थान के राजसमंद जिला के नाथद्वारा स्थित श्रीनाथजी मंदिर पहुंचल। कपल के रोका सेरेमनी से पहिले तस्वीर सामने आ गइल बा।  सामने आइल ई फोटो तनिका ब्लर बा, बाकिर अनंत आ राधिका तस्वीर में नजर आ रहल बाड़ें। एह मवका पs अनंत ब्लू कलर के कुर्ता पजामा में दिखाई दे रहल बाड़ें तs ओहिजा राधिका लाइट पिंक आ रेड कलर के आउटफिट में नजर आ रहल बाड़ी।

सालन से एक दूसरा के जानत बा लोग राधिका आ अंनत

बता दीं अनंत आ राधिका लमहर समय से एक दूसरा के जानत बा लो। राधिका के अंबानी परिवार के हर फैमिली फंक्शंस में देखल जात रहल बा। अब बहुते जल्दी आ अंबानी परिवार के छोट बहू बने वाला बाड़ी।

परिमल नाथवानी कइलें ट्वीट

एह कपल के रोका सेरेमनी के बाद रिलायंस इंडस्ट्रीज के निदेशक परिमल नाथवानी दुनो के ट्वीट कs के बधाई देले बाड़ें। ऊ लिखलें- नाथद्वारा के श्रीनाथजी मंदिर में रोका समारोह खातिर परम प्रिय अनंत आ राधिका के हार्दिक बधाई। भगवान श्रीनाथ जी के कृपा रउआ पs सदैव बनल रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-