Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

तुनिशा के बाद अब लीना नागवंशी कइली आत्महत्या, घर पs फांसी के फंदा से लटकली यूट्यूबर

6,898

हालही में हुई तुनिशा शर्मा के मौत के सदमा अभीन फिल्म इंटस्ट्री के लोग बर्दास नाइ कs पवले रहनें कि अब एगो अउर मौत के खबर सामने आ रहल बा। अब छत्तीसगढ़ के रायगढ़ के रहे वाली 22 साल के सोशल मीडिया इन्फ्लुएंसर लीना नागवंशी आत्महत्या कs लिहले बाड़ी। लीना के मौत के सब के सदमा लागल बा। उनके परिवार के लोग भी डेराइल बानें लोग अउर सदमा में बानें। पुलिस भी एह मामिला के जांच कs रहल बा कि आखिर लीना अइसन काहे कइली।

पोस्टमॉर्टम खातिर भेजल गइल शव

बता देईं कि 22 साल के सोशल मीडिया इन्फ्लसुएंसर के मौत के एक बेर फिर सब के सदमा लागल बा। ऊ सोशल मीडिया पs खूब एक्टिव रहत रहली अउर उनकर अच्छे खासे फैन फॉलोइंग भी रहल। मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार लीना अपने घर में फांसी लगा के आत्महत्या कs लिहले बाड़ी। एह मामिला के जांच चक्रधर नगर थाना क्षेत्र द्वारा कइल जा रहल बा। फिलहाल शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल।

मौत से दू दिन पहिले कइले रहली पोस्ट

बता देईं कि लीना इंस्टाग्राम के अलावा यूट्यूब पर भी काफी एक्टिव रहत रहली। यूट्यूब पर भी उनकर अच्छा खासा फैंस रहनें। ऊ अक्सर आपन हंसत मुस्कुरात वीडियो साझा करत रहली। उनके पोस्ट देखके ई अंदाजा लगावल बहुत मुश्किल बानें कि ऊ आत्महत्या जइसन बड़ कदम भी उठा सकत रहली। बता देईं कि लीना मौत से दू दिन पहिले सोशल मीडिया पर एगो पोस्ट कइले रहली, जेमें ऊ हंसत मुस्कुरात नजर आवत रहली।

423000cookie-checkतुनिशा के बाद अब लीना नागवंशी कइली आत्महत्या, घर पs फांसी के फंदा से लटकली यूट्यूबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.