Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

#BoycottManekaGandhi: पशुप्रेमी सांसद मेनका गांधी से पशुचिकित्सक लो नाराज हो गइल बा। ट्विटर पे माफ़ी मांगे के बात ट्रेंड कर रहल बा।

इंडियन वेटरनरी एसोसिएशन ए मामला में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के चिट्ठी लिख के मेनका गांधी पे कार्रवाई के मांग कइले बिया। एसोसिएशन उनकरा ऊपर इ आरोप लगावल सिय कि मेनका गांधी अक्सर पशु चिकित्सकन के धमकावे ली अउर ओ लोग के संघे अभद्र व्यवहार करे ली।

718
सीवान इन्शुरेंस 720 90

भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के नेता आउर सांसद मेनका गांधी के ऊपर पशु चिकित्सकन से अभद्रता करे के आरोप लागल बा। पशु चिकित्सक से फोन पे अभद्रता करे के एगो ऑडियो वायरल भइला के बाद उत्तर प्रदेश के सुल्तानपुर से भाजपा सांसद मेनका गांधी ट्विटर पर ट्रेंड कर रहल बड़ी। हैशटैग #boycotmenkagandhi, हैशटैग #मेनकागांधीमाफीमांगे ट्रेंड कर रहल बा।

इंडियन वेटरनरी एसोसिएशन इ मामला में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के चिट्ठी लिखी के मेनका गांधी पे कार्रवाई के मांग कइल सिय। एसोसिएशन इ आरोप लगवल सा कि मेनका गांधी अक्सर पशु चिकित्सकन के धमकावे ली आउर ओ लोग के संघे अभद्र व्यव्हार करे ली।

मेनका पुछलि ह कि, तुम्हारे घर में कोई पढ़ा-लिखा भी है या नहीं
Middle Yayawari

सोशल मीडिया पे मेनका गांधी के एगो ऑडियो वायरल हो रहल बा। ए ऑडियो में उंहा के कुत्ता के इलाज करे वाला एगो पशु चिकित्सक के ऊपर भड़क रहल बाड़ी। ए दौरान उहांके कईगो अभद्र बोली के इस्तेमाल कर रहल बाड़ी। वायरल ऑडियो के हिसाब से, सांसद मेनका गांधी सीतापुर के एगो पशुचिकित्सक से बतिया रहल बाड़ी, जेकरा लगे छौ महीना के अनुभव बा। गुस्सा में मेनका गाँधी जी उ डॉक्टर के लाइसेंस रद्द करवा देबे के धमकी देत सुनातर। इतने भर न उंहा के ता डॉक्टर से इहो पूछतारी कि तोरा घर में केहू पढलो-लिखल बा कि न। हालांकि, खबर भोजपुरी ए ऑडियो के पुष्टि नइखे करत।

 

1590cookie-check#BoycottManekaGandhi: पशुप्रेमी सांसद मेनका गांधी से पशुचिकित्सक लो नाराज हो गइल बा। ट्विटर पे माफ़ी मांगे के बात ट्रेंड कर रहल बा।

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.