[the_ad_group id="30365"]

Karnataka Result: एह सीट पs रातभर चलल ड्रामा, पहिले जीतली कांग्रेस MLA, दोबारा मतगणना में BJP 16 वोट से विजयी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष डीके शिवकुमार आ कार्यकारी अध्यक्ष रामलिंगा रेड्डी समेत पार्टी के कइयन नेता लॉग दोबारा मतगणना के विरोध कइल।

कर्नाटक के जयनगर सीट से भाजपा उम्मीदवार सीके राममूर्ति सनीचर के अपना कांग्रेस प्रतिद्वंद्वी सौम्या रेड्डी के 16 मत के मामूली अंतर से हरवलें। एह दौरान मतगणना स्थल पs रातभर दुनो पार्टियन के समर्थकन के भीड़ जुटल रहल। एकर जानकारी अधिकारी लोग दिहल।

दरअसल कांग्रेस के सौम्या रेड्डी से करीब 300 वोट के अंतर से हार रहल राममूर्ति दोबारा मतगणना के मांग कइले रहस। दोबारा मतन के गिनती के अलावे डाक मतन के जोड़ल गइल तs राममूर्ति सौम्या रेड्डी के मात दे देलें। प्रदेश कांग्रेस अध्यक्ष डीके शिवकुमार आ कार्यकारी अध्यक्ष रामलिंगा रेड्डी समेत पार्टी के कइयन नेता लोग दोबारा मतगणना के विरोध कइल।

राज्य सूचना विभाग के एगो अधिकारी एगो बयान में कहलें कि जयनगर में एस एस एम आर वी कॉलेज के मतगणना केंद्र में अधिकारी लोग आज देर रात नतीजन के घोषणा कइलस।

मतगणना स्थल पs जयनगर में आर वी इंस्टीट्यूट ऑफ मैनेजमेंट में तनाव व्याप्त हो गइल, जहां कांग्रेस के प्रदेश अध्यक्ष डी के शिवकुमार के संगे-संगे राज्य इकाई के कार्यकारी अध्यक्ष रामलिंगा रेड्डी, जे सौम्या रेड्डी के पिता हवे, आ कइयन गो आउर नेता लोग मतगणना स्थल के बाहर प्रदर्शन कइल।

ऊ लोग राममूर्ति के फायदा पहुंचावे खातिर सरकारी तंत्र के दुरुपयोग के आरोप लगावल। चुनाव अधिकारी लोग 16 मतन के मामूली अंतर से राममूर्ति के विजेता घोषित कइल। एकरा संगही 224 सदस्यीय कर्नाटक विधानसभा में कांग्रेस 135 सीट तs भाजपा के 65 सीट पs जीत मिलल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]