[the_ad_group id="30365"]

Bageshwar Dham: धीरेंद्र शास्त्री के ठहरे खातीर होटल केतना पइसा लेहलस? खईहे आपन रसोईया के हाथ के बनल खाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बागेश्वर धाम के धीरेन्द्र कृष्ण शास्त्री शनिचर के सबेरे आठ बजे पटना चहुँप गइल बाड़न। पटना एयरपोर्ट से उ सीधा पटना के एगो बड़ होटल में गईले जहां उनुका ठहरला के इंतजाम बा। उनुका संगे भाजपा सांसद अवुरी भोजपुरी स्टार मनोज तिवारी भी पहुंच गईल बाड़े। बाबा के सारथी होखला के नाते उ खुद आपन गाड़ी चला के सबेरे साढ़े आठ बजे होटल पहुंचले। बाबा दुपहरिया 3:00 बजे होटल से निकल के सीधे नौबतपुर स्थित तरेत पाली मठ प्रांगण के प्रवचन स्थल पे पहुँच जइहें।

इ जानकारी देत ​​बागेश्वर धाम आयोजन समिति के संरक्षक अरविंद ठाकुर बतवले कि बाबा खुद होटल में आराम करीहे अवुरी खाना खईला के बाद उ सांझ के 3 बजे हनुमत कथा के प्रवचन खातीर निकल जईहे, जवन कि सांझ के 7:00 बजे तक चली। ओकरा बाद बाबा फेरु होटल में आ जइहें।

होटल मालिक बाबा धीरेन्द्र शास्त्री के बड़ भक्त हउवन

अरविंद ठाकुर कहले कि होटल के मालिक बाबा धीरेंद्र कृष्ण शास्त्री के बहुत बड़ भक्त हवे, अवुरी उ जिद्द कईले कि बाबा हमनी के होटल में रहस। हालांकि उनुका ठहरला के इंतजाम पटना के आयोजक के घरे भईल रहे, लेकिन होटल मालिक के निहोरा पे उ होटल में ठहरल बाड़े। धीरेन्द्र शास्त्री 17 मई तक पटना में रहींए। होटल मालिक बाबा अवुरी उनुका समर्थक के पूरा तरीका से मुफ्त सेवा देवे के निहोरा कईले बाड़े। होटल मालिक बाबा आ उनुका समर्थकन से एको पइसा नइखे लेत।

बाबा धीरेन्द्र शास्त्री के साथे लगभग 40 लोग बा जे सब एह होटल में ठहरल बा। उनकर रसोइया भी उनका साथे आइल बा। होटल के कारीगर के बनावल खाना बाबा ना खइहें। उनकर रसोइया होटल में ही बाबा खातिर अलग-अलग खाना तैयार करीहे। आयोजन समिति के ओर से सिर्फ कच्चा माल के इंतजाम कईल जाई। बाबा के कपड़ा भी होटल में उनकर खुद के लोग तैयार करीहे।

साभार-  abplive

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]