Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर मेयर सीट पs भाजपा के डॉ. मंगलेश जीतलें : हरला के बाद सपा के काजल निषाद के हंगामा, जानीं सब 80 वार्डन में केकर भइल जीत

2,332

गोरखपुर में मेयर सीट पs भाजपा एक बेर फेर जीत दर्ज कइले बिया। भाजपा प्रत्याशी डॉ. मंगलेश श्रीवास्तव 60,876 वोटन से सपा प्रत्याशी काजल निषाद के चुनाव में हरा देले बाड़ें। भाजपा प्रत्याशी मंगलेश श्रीवास्तव के 1,80,629 वोट मिलल। सपा मेयर प्रत्याशी काजल निषाद के 1,19,753 वोट, बसपा मेयर प्रत्याशी नवल किशोर नाथानी के 21,918 वोट आ कांग्रेस मेयर प्रत्याशी नवीन सिन्हा के 8,318 वोट मिलल बा।

हार के बाद सपा उम्मीदवार काजल निषाद के हंगामा

गोरखपुर में सपा के सब नेता लोग री-काउंटिंग करावे के मांग पs अड़ गइल। सपा प्रत्याशी काजल निषाद हार के बाद हंगामा कइली। काजल निषाद कहली- कइसे कंप्यूटर में ई डेटा बदल जाला। हम कइसे मान ली कि ई निष्पक्ष चुनाव भइल बा? कइसे मान ली कि धांधली नइखे भइल हुई? अधिकारी समझावे लोग हमरा के।

सपा समर्थक मतगणना में घपलेबाजी के आरोप लगा रहल बा लो। जिला के अधिकारियन के संगे सपा नेता आ काजल निषाद के बीच बहसबाजी भइल। काजल निषाद के समर्थक के पुलिस घसीट के बाहर ले गइल। एकरा बाद ममिला आउर गरमा गइल।

अखिलेश यादव ट्वीट कs के लिखलें- गोरखपुर में डालल गइल वोटन से जादे वोट गिनल जाये के धांधली के खबर पs चुनाव आयोग तत्काल संज्ञान लेवे। मतगणना के सत्यता के जांचे आ गलत पावल गइला पs री-काउंटिंग करवावे।

भाजपा प्रत्याशी के बधाई देवे वालन के लागल तांता

मतगणना के संगही भाजपा प्रत्याशी आ उनका समर्थकन के तरफ से जीत के जश्न मनावल जाये लागल। एह जीत के लेके भाजपा प्रत्याशी डॉ० मंगलेश के बधाई देवे वालन के सिलसिला सुरू गो गइल।

सपा प्रत्याशी काजल लवली हार के हैट्रिक

काजल निषाद एकरा पहिले साल 2012 के विधानसभा चुनाव में कांग्रेस के टिकट पs गोरखपुर ग्रामीण से चुनाव लड़ले रहली। जेमे उनका हार के सामना करे के पड़ल रहे। साल 2021 में ऊ सपा जॉइन कs लेली। फेर 2022 के चुनाव में एही सीट पs सपा के टिकट से चुनाव लड़ली आ हार गइली। तीसरका बेर फेर सपा काजल पs भरोसा जतावत मेयर पद खातिर मैदान में उतरलस बाकिर अबकी बेर पेशा से चिकित्सक डॉ. मंगलेश श्रीवास्तव उनका के 60,876 वोटन से हरा देलें।

गोरखपुर के 80 वार्डन में केकर सरकार?

पार्टी  जीत

भाजपा 42

सपा 17

बसपा 5

कांग्रेस 1

निर्दल 15

जानीं कवना वार्ड में के जीतल

  1. वार्ड संख्या 1 से निर्दलीय अरविंद सिंह भाजपा के अजीत निषाद के 1502 वोट से हरवलें।
  2. वार्ड संख्या 2 से भाजपा के बाला देवी बसपा के चमेली के 1053 वोट से हरवली।
  3. वार्ड संख्या 3 से निर्दलीय रीता देवी भाजपा के सुनीता देवी के 1211 वोट से हरवली।
  4. वार्ड संख्या 4 से भाजपा के राजा यादव सपा के हीरालाल के मात्र 10 वोट से हरवलें।
  5. वार्ड संख्या 5 से भाजपा के हकीकुन निशा निर्दलीय शाहिना के 646 वोट से हरवली।
  6. वार्ड संख्या 6 से भाजपा के जयवंती देवी सपा के चंदा देवी के 35 वोट से हरवली।
  7. वार्ड संख्या 7 से भाजपा के उपेंद्र सिंह सपा के श्याम यादव के 199 वोट से हरवलें।
  8. वार्ड संख्या 8 से भाजपा के सरोज पासवान बसपा के गीता देवी के 1471 वोट से हरवली।
  9. वार्ड संख्या 9 से भाजपा के शशांक सोनकर सपा के रीता राव के 735 वोट से हरवलें।
  10. वार्ड संख्या 10 से बसपा संतोष चौहान निर्दलीय भगवान दास के 221 वोट से हरवलें।
  11. वार्ड संख्या 11 से भाजपा के विनोद कुमार सपा के अमरजीत के 127 वोट से हरवलें।
  12. वार्ड संख्या 12 से बसपा के रीना यादव निर्दलीय सुमन यादव के 254 वोट से हरवली।
  13. वार्ड संख्या 13 से सपा के अभिषेक भाजपा के जागृति  के 34 वोट से हरवलें।
  14. वार्ड संख्या 14 से भाजपा के धर्मदेव चौहान निर्दलीय राजकुमार के अजीत निषाद 1063वोट से हरवलें।
  15. वार्ड संख्या 15 से भाजपा के रंजुला रावत आप के सुशीला सिंह के 1067 वोट से हरवली।
  16. वार्ड संख्या 16 से भाजपा के ऋषि मोहन वर्मा निर्दलीय कृष्णानंद मौर्या के 821 वोट से हरवलें।
  17. वार्ड संख्या 17 से भाजपा के रितेश कुमार सिंह निर्दलीय राजेश के 1423 वोट से हरवलें।
  18. वार्ड संख्या 18 से निर्दलीय माया देवी भाजपा के संध्या गुप्ता 521 वोट से हरवली।
  19. वार्ड संख्या 19 से बसपा के गूंजा देवी भाजपा के ममता  के 659 वोट से हरवली।
  20. वार्ड संख्या 1 से निर्दलीय सतीश चंद भाजपा के वीर सिंह सोनकर के 555 वोट से हरवलें।
  21. वार्ड संख्या 21 से भाजपा के रामगति निषाद निर्दलीय जितेंद्र के 317 वोट से हरवलें।
  22. वार्ड संख्या 22 से भाजपा के राजेश कुमार आसपा बसंत लाल यादव के 278 वोट से हरवलें।
  23. वार्ड संख्या 23 से सपा के चंद्रभान प्रजापति भाजपा के राकेश निषाद के  1716 वोट से हरवलें।
  24. वार्ड संख्या 24 से भाजपा के हीरमती देवी बसपा के रीता देवी के 2139 वोट से हरवली।
  25. वार्ड संख्या 25 से भाजपा के रणंजय सिंह जुगनू निर्दलीय राघवेंद्र सिंह के 1804 वोट से हरवलें।
  26. वार्ड संख्या 26 से सपा के विश्वजीत त्रिपाठी भाजपा के विष्णुकांत शुक्ला के 632 वोट से हरवलें।
  27. वार्ड संख्या 27 से भाजपा के पवन कुमार सिंह निर्दलीय सूर्यप्रकाश के 1625 वोट से हरवलें।
  28. वार्ड संख्या 28 से सपा रमेश यादव भाजपा के प्रवीण टिंकल के 234 वोट से हरवलें।
  29. वार्ड संख्या 29 से भाजपा के मीरा यादव सपा के शकीना के 418 के वोट से हरवली।
  30. वार्ड संख्या 30 से बसपा के समीना भाजपा के ज्योति पासवान के 254 वोट से हरवली।
  31. वार्ड संख्या 31 से भाजपा के निर्मला देवी निर्दलीय फूला देवी के 258 वोट से हरवली।
  32. वार्ड संख्या 32 से सपा अलीमुन निशा भाजपा के चंपा देवी के 2458 वोट से हरवली।
  33. वार्ड संख्या 33 से सपा के शमीम आरा भाजपा के रितु जायसवाल के 1065 वोट से हरवली।
  34. वार्ड संख्या 34 से सपा के मनोज त्रिपाठी निर्दलीय मनोज यादव के मात्र 07 वोट से हरवलें।
  35. वार्ड संख्या 35 से निर्दलीय सरिता यादव भाजपा के सुमन सिंह के 637 वोट से हरवली।
  36. वार्ड संख्या 36 से भाजपा के राजेंद्र त्रिपाठी आप के सुशील यादव के 1197 वोट से हरवलें।
  37. वार्ड संख्या 37 से निर्दलीय मीना देवी भाजपा के शीला देवी के 184 वोट से हरवली।
  38. वार्ड संख्या 38 से निर्दलीय छोटे लाल गुप्ता भाजपा के रामभुआल निषाद के 175 वोट से हरवलें।
  39. वार्ड संख्या 39 से भाजपा के निर्दलीय कृष्ण चन्द्र भाजपा के मिथिलेश निषाद के 1625 वोट से हरवलें।
  40. वार्ड संख्या 40 से निर्दलीय दिनेश यादव भाजपा के सतीश सिंह के 21 वोट से हरवलें।
  41. वार्ड संख्या 41 से निर्दलीय जयंत कुमार भाजपा के अभिषेक निषाद के 30 वोट से हरवलें।
  42. वार्ड संख्या 42 से सपा के आयशा खातून आप के कहकशां के 542 वोट से हरवली।
  43. वार्ड संख्या 43 से भाजपा के ज्ञानती देवी सपा के नूरजहां के 1529 वोट से हरवली।
  44. वार्ड संख्या 44 से सपा के विजेंद्र निर्दलीय विनोद कुमार के 795 वोट से हरवलें।
  45. वार्ड संख्या 45 सपा के विवेक मिश्रा निर्दलीय पूजा सिंह के 650 वोट से हरवलें।
  46. वार्ड संख्या 46 से भाजपा के आशा निर्दलीय रूबी के 05 वोट से हरवली।
  47. वार्ड संख्या 47 से भाजपा के सुमन त्रिपाठी सपा के पम्मी ने 1693 वोट से हरवली।
  48. वार्ड संख्या 48 से निर्दलीय बबलू भाजपा के सचीन गुप्ता के 99 वोट से हरवलें।
  49. वार्ड संख्या 49 से सपा के सबीहा खातून भाजपा के विनीता शर्मा के 69 वोट से हरवलें।
  50. वार्ड संख्या 40 से भाजपा के शिवेंद्र सपा के मनीनुदीन के 660 वोट से हरवलें।
  51. वार्ड संख्या 51 से बसपा के प्रीतम निषाद भाजपा के संगीता के 282 वोट से हरवली।
  52. वार्ड संख्या 52 से भाजपा के मनु जायसवाल सपा के सिरिल राय के 1952 वोट से हरवलें।
  53. वार्ड संख्या 53 से भाजपा के अशोक मिश्र सपा के कृष्ण कुमार सिंह के 794 वोट से हरवलें।
  54. वार्ड संख्या 54 से भाजपा के आनंद साहनी बसपा के कासिम अली के 654 वोट से हरवलें।
  55. वार्ड संख्या 55 से सपा के मो. शाहिद जायसवाल भाजपा के राजेंद्र के 1234 वोट से हरवलें।
  56. वार्ड संख्या 56 से भाजपा के रविंद्र सपा के संजय यादव के 131 वोट से हरवलें।
  57. वार्ड संख्या 57 से सपा के अशोक यादव सपा के सिरिल भाजपा के संतोष गुप्ता के 855 वोट से हरवलें।
  58. वार्ड संख्या 58 से सपा के जुबैर अहमद भाजपा के आकाश के 141 वोट से हरवलें।
  59. वार्ड संख्या 59 से भाजपा के अभिषेक शर्मा सपा के इरशाद अहमद के 674 वोट से हरवलें।
  60. वार्ड संख्या 60 से भाजपा के अजय ओझा सपा के सिरिल राय के 1952 वोट से हरवलें।
  61. वार्ड संख्या 61 से सपा के शहाब अंसारी भाजपा के लाल गुप्ता के 116 वोट से हरवलें।
  62. वार्ड संख्या 62 से निर्दलीय समद गुरफान भाजपा ks मनोज के 121 वोट से हरवलें।
  63. वार्ड संख्या 63 से सपा के दिलशाद अहमद भाजपा के शिवचरन के 183 वोट से हरवलें।
  64. वार्ड संख्या 64 से कांग्रेस के अजय यादव भाजपा के मुरलीधर पांडेय के 402 वोट से हरवलें।
  65. वार्ड संख्या 65 से भाजपा के आनंद वर्धन सपा के इमरान अहमद के 1137 वोट से हरवलें।
  66. वार्ड संख्या 66 से भाजपा के मनु आरती सिंह निर्दलीय रागिनी के 312 वोट से हरवलें।
  67. वार्ड संख्या 67 से भाजपा के मनोज निषाद निर्दलीय जयप्रकाश जायसवाल के 604 वोट से हरवलें।
  68. वार्ड संख्या 68 से भाजपा के श्रवण पटेल एआईएमआईएम के अब्दुल हमीद के 358 वोट से हरवलें।
  69. वार्ड संख्या 69 से निर्दलीय लाली गुप्ता भाजपा के आरती के 125 वोट से हरवली।
  70. वार्ड संख्या 70 से भाजपा के धर्मेंद्र सिंह निर्दलीय पवन शुक्ला के 293 वोट से हरवलें।
  71. वार्ड संख्या 71 से भाजपा के शाश्वत अग्रवाल निर्दलीय संजय यादव के 105 वोट से हरवलें।
  72. वार्ड संख्या 72 से भाजपा के देवेंद्र् निर्दलीय अभिषेक सिंह के 98 वोट से हरवलें।
  73. वार्ड संख्या 73 से निर्दलीय सौरभ विश्वकर्मा भाजपा के रूपेश के 907 वोट से हरवलें।
  74. वार्ड संख्या 74 से निर्दलीय नूर मोहम्मद निर्दलीय महफूज के 203 वोट से हरवलें।
  75. वार्ड संख्या 75 से भाजपा के संगीता सिंह निर्दलीय मनोरमा के 330 वोट से हरवली।
  76. वार्ड संख्या 76 से सपा के जियाउल इस्लाम भाजपा के संजय गुप्ता के 1173 वोट से हरवलें।
  77. वार्ड संख्या 77 से भाजपा के अवधेश अग्रहरि सपा के आफताब अहमद के 921 वोट से हरवलें।
  78. वार्ड संख्या 78 से भाजपा के पवन त्रिपाठी सपा के मोहम्मद शाही के 1248 वोट से हरवलें।
  79. वार्ड संख्या 79 से भाजपा के अजय राय निर्दलीय नीरज पांडेय के 530 वोट से हरवलें।
  80. वार्ड संख्या 80 से भाजपा के पूनम सिंह सपा के घोषित प्रत्याशी के नामांकन ना कइला के बाद निर्विरोध निर्वाचित घोषित कइल गइल रहली।
545170cookie-checkगोरखपुर मेयर सीट पs भाजपा के डॉ. मंगलेश जीतलें : हरला के बाद सपा के काजल निषाद के हंगामा, जानीं सब 80 वार्डन में केकर भइल जीत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.