[the_ad_group id="30365"]

भाजपा CEC के आज बैठक, दूसरका लिस्ट संभव : दु मार्च के 195 कैंडिडेट्स के नाम घोषित कइले रहे ; कांग्रेस 39, TMC 42 उम्मीदवार उतरलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा केंद्रीय चुनाव समिति के आज (11 मार्च) के बैठक हो सकत बा। एमे लोकसभा कैंडिडेट्स के दूसरका लिस्ट आ सकत बा। एकरा पहिले भाजपा दु मार्च के पहिला लिस्ट जारी कइले रहे।। एमे प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, गृहमंत्री अमित शाह, रक्षामंत्री राजनाथ सिंह आ एमपी के मुख्यमंत्री रहल शिवराज सिंह चौहान के नाम बा।

ओहिजा, आठ मार्च के कांग्रेस आपन पहिला लिस्ट जारी कइले रहे, जेमे 39 उम्मीदवारन के नाव बा। अतवार 10 मार्च के ममता बनर्जी एगो रैली में बंगाल के सब 42 सीटन पs अपना पार्टी टीएमसी के उम्मीदवारन के ऐलान कइली। एमे सबसे चउकावे वाला नाव पूर्व क्रिकेटर यूसुफ पठान के बा। उनकर सामना कांग्रेस के चर्चित नेता आ सांसद अधीर रंजन चौधरी से हो सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]