राजनीति में सबसे खराब बात का बा, जानीं ओडिशा के सीएम का बतवले?

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 11, 2024

ओडिशा : राजनीति में केहु कब पलट जाई, इs नईखे कहल जा सकत। भारत में होखे वाला आम चुनाव के देखत तमाम राजनीतिक दल में अराजकता मचल बा।एही बीच ओडिशा के मुख्यमंत्री नवीन पटनायक के

Share

ओडिशा : राजनीति में केहु कब पलट जाई, इs नईखे कहल जा सकत। भारत में होखे वाला आम चुनाव के देखत तमाम राजनीतिक दल में अराजकता मचल बा।एही बीच ओडिशा के मुख्यमंत्री नवीन पटनायक के एगो वीडियो सामने आईल बा, जवना में उ राजनीति के बारे में बहुत कुछ कहत देखाई देतारे। जानीं कि पूरा बात का बा….

भाजद नेता कार्तिक पांडियन अपना इंस्टाग्राम साइट पs एगो वीडियो शेयर कईले बाड़े। 13 सेकंड के ई वीडियो राजनीतिक गलियारा में हलचल मचवले बा।वीडियो में बीजद के कार्तिक पांडियन ओडिशा के सीएम नवीन पटनायक से बतियावत देखाई देतारे, जवना में पंडियन पटनायक से ओडिया भाषा में पूछतारे सर, राजनीति में सबसे खराब बात का बा? एह पs नवीन पटनायक जवाब देत बाड़न कि अफवाह आ झूठ ​​राजनीति में सबले खराब चीज होला।

इहे कारण बतावल जात बा

राजनीति में अफवाह अवुरी झूठ के सबसे खराब बात कहे के पीछे के कारण इs बा कि भाजपा अवुरी बीजद के फेर से गठबंधन हो सकता, अयीसन बात सोझा आवत रहे, लेकिन अयीसन कुछूओ ना भईल। भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष मनमोहन सामल एलान कइले बाड़न कि ओडिशा के सगरी सीट पs भाजपा अकेले चुनाव लड़ी।

वीडियो पs भाजपा का कहलस?

इs वीडियो इंटरनेट पs फैलला के बाद भारतीय जनता पार्टी ओडिशा के प्रदेश अध्यक्ष मनमोहन सामल गठबंधन के कवनो बात से इनकार करत कहले बाड़े कि भाजपा अकेले चुनाव लड़ के ओडिशा में अकेले सरकार बनाई। भाजपा के ना तs बीजद से गठबंधन करे के कवनो इरादा रहे ना बा। एह विषय पs केहू से कवनो बातचीत नइखे भइल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.