[the_ad_group id="30365"]

अमरमणि त्रिपाठी के बेटा कांग्रेस के थमले हाथ : 2017 में जेल से चुनाव जीत विधानसभा पहुंचल रहस अमनमणि 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्वांचल में चुनावी समर के सुरुआत हो गइल बा। सियासी समीकरण के हिसाब से नेता लोग अपना मोतबिक पाला बदलल सुरू कs देले बा लो। एही क्रम में महराजगंज के नौतनवा सीट से पूर्व विधायक आ पूर्व मंत्री अमरमणि के बेटा अमनमणि त्रिपाठी कांग्रेस जॉइन कs लेलें।

सनीचर के नई दिल्ली में कांग्रेस महासचिव आ यूपी के प्रभारी अविनाश पाण्डेय अमन के पार्टी के सदस्यता दिलवले। ऊ अपना X हेंडल पs लिखलें कि,‘नौतनवा विधानसभा क्षेत्र के पूर्व विधायक अमनमाणि त्रिपाठी राहुल गांधी आ कांग्रेस पार्टी के न्याय के लड़ाई में भरोसा जतावत कांग्रेस पार्टी के सदस्यता ग्रहण कइलें। ’

अमन के माई-बाबूजी हाले में रिहा भइल बा लो। ऊ कवयित्री मधुमिता शुक्ला हत्याकांड में सजा काटत रहे लो। ओहिजा, अमनमणि अपना पहिला पत्नी सारा सिंह के हत्या के आरोपी बाड़ें।

अमन के राजनीति विरासत में मिलल 

33 साल के अमनमणि के राजनीति उनका बाबूजी अमरमणि त्रिपाठी से विरासत में मिलल बा। अमन के बाबूजी अमरमणि त्रिपाठी (लक्ष्मीपुर) एह समय नौतनवा विधानसभा से चार बार विधायक रह चुकल बाड़ें। ऊ प्रदेश सरकार में कैबिनेट मंत्री रह चुकल बाड़ें। उनका जेल गइला के बाद अमन राजनीति में उतरल रहस।

ऊ 16 वीं विधानसभा 2012 में सपा के टिकट पs चुनाव लड़लें, बाकिर कांग्रेस के उम्मीदवार कुंवर कौशल किशोर सिंह से हार गइलें। दोबारा ऊ 2017 विधानसभा चुनाव में जेल से निर्दलीय चुनाव लड़लें काहेकि पत्नी सारा हत्याकांड में जेल में होखला के वजह से सपा टिकट काट देले रहे।

जेल से चुनाव जीत विधानसभा पहुंचल रहस अमन

अबकी बेर अमन पहिला बेर जेल में रहते विधानसभा पहुंचलें। 2022 के विधानसभा चुनाव में नौतनवा विधासभा क्षेत्र से भाजपा गठबंधन में सामिल निर्बल इंडियन शोषित हमरा अपना दल से टिकट के उम्मीद रहे, बाकिर पार्टी ऋषि त्रिपाठी के उम्मीदवार बनवलस। परिणाम आइल तs ऋषि 90263 वोट पाके जीतलें। सपा के कुंवर कौशल किशोर सिंह 72932 वोट पाके दूसरा आ बसपा के उम्मीदवार अमनमणि त्रिपाठी 46128 वोट पाके तीसरका स्थान पs रहल रहस। ओहिजा, कांग्रेस उम्मीदवार सदा मोहन के खाली 5071 वोट मिलल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]