Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सड़क हादसा में बाइक सवार के मौत: रिश्तेदार के घर से लवटत रहे, अनियंत्रित होके पुल से नीचे गिरल

Bike rider dies in road accident: He was returning from a relative's house when he went out of control and fell off the bridge

332

गोपालगंज के विजयीपुर थाना क्षेत्र के हरदिया पुल के लगे बाइक सवार एगो जुवक बुध के देर रात अनियंत्रित होके पुल से नीचे गिर गइल। जवना से ओकर मौके पs मौत हो गइल। ओहिजा स्थानीय लोग घटना के सूचना स्थानीय थाना पुलिस के देलस।

जवना के बाद मवका पs पहुंचल पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल भेज देले बा। मृतक के पहचान विजयीपुर थाना क्षेत्र के घाट बघौरा गांव निवासी गौरी साहू के पुत्र प्रवीण गुप्ता (25) के रूप में भइल बा।

रिश्तेदारन के घर से लवटत रहे 

घटना के संदर्भ में बतावल जात बा कि मृतक बाइक पs सवार होके अपना रिश्तेदार के घर यूपी गइल रहे। जहां से ऊ आपन घरे वापस लवटत रहे। एही दौरान ऊ जइसही हरदिया पुल के लगे पहुंचल तबे ऊ अनियंत्रित होके पुल से बाइक सहित नीचे गिर गइल। जवना से ओकर मौके पs मौत हो गइल। ओहिजा घटना के सूचना मिलला के बाद परिजन हरदिया पहुंच गइल लो।

ओहिजा, पुलिस शव के पोस्टमार्टम सदर अस्पताल में कराके शव परिजनन के सअप देलें। बतावल जात बा कि मृतक मां बाप के एकलौता बेटा रहे। दु गो बहिन बाड़ी सs , एगो बहिन के बियाह हो चुकल बा। फिलहाल इकलौता बेटा के मौत के बाद मां-बाप के रो-रो के बुरा हाल बा।

सड़क हादसा में भइल मौत

थानाध्यक्ष मनीष कुमार बतवलें कि देर रात के घटना हs। सड़क हादसा में बाइक सवार के मौत हो गइल बा। शव के पोस्टमार्टम कराके शव परिजनन के सउप दिहल गइल बा।

731870cookie-checkसड़क हादसा में बाइक सवार के मौत: रिश्तेदार के घर से लवटत रहे, अनियंत्रित होके पुल से नीचे गिरल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.