[the_ad_group id="30365"]

सड़क हादसा में बाइक सवार के मौत: रिश्तेदार के घर से लवटत रहे, अनियंत्रित होके पुल से नीचे गिरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के विजयीपुर थाना क्षेत्र के हरदिया पुल के लगे बाइक सवार एगो जुवक बुध के देर रात अनियंत्रित होके पुल से नीचे गिर गइल। जवना से ओकर मौके पs मौत हो गइल। ओहिजा स्थानीय लोग घटना के सूचना स्थानीय थाना पुलिस के देलस।

जवना के बाद मवका पs पहुंचल पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल भेज देले बा। मृतक के पहचान विजयीपुर थाना क्षेत्र के घाट बघौरा गांव निवासी गौरी साहू के पुत्र प्रवीण गुप्ता (25) के रूप में भइल बा।

रिश्तेदारन के घर से लवटत रहे 

घटना के संदर्भ में बतावल जात बा कि मृतक बाइक पs सवार होके अपना रिश्तेदार के घर यूपी गइल रहे। जहां से ऊ आपन घरे वापस लवटत रहे। एही दौरान ऊ जइसही हरदिया पुल के लगे पहुंचल तबे ऊ अनियंत्रित होके पुल से बाइक सहित नीचे गिर गइल। जवना से ओकर मौके पs मौत हो गइल। ओहिजा घटना के सूचना मिलला के बाद परिजन हरदिया पहुंच गइल लो।

ओहिजा, पुलिस शव के पोस्टमार्टम सदर अस्पताल में कराके शव परिजनन के सअप देलें। बतावल जात बा कि मृतक मां बाप के एकलौता बेटा रहे। दु गो बहिन बाड़ी सs , एगो बहिन के बियाह हो चुकल बा। फिलहाल इकलौता बेटा के मौत के बाद मां-बाप के रो-रो के बुरा हाल बा।

सड़क हादसा में भइल मौत

थानाध्यक्ष मनीष कुमार बतवलें कि देर रात के घटना हs। सड़क हादसा में बाइक सवार के मौत हो गइल बा। शव के पोस्टमार्टम कराके शव परिजनन के सउप दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]