अमेठी में दर्दनाक दुर्घटना : सामने से आवत कंटेनर से बाइक सवार, पति, पत्नी अवुरी महतारी के मउत

Minee Upadhyay

 

यूपी के अमेठी से एगो दर्दनाक घटना सोझा आईल बा। जहां एकही बाइक से सफर करत एगो पति-पत्नी अवुरी महतारी के सामने से आवत कंटेनर के चपेट में आ गईल। जवना के चलते बाइक सवार तीन लोग के मउका पs मउत हो गईल। सूचना मिलते पुलिस मउका पs पहुंच के तीनों के लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम के प्रक्रिया शुरू कs देलस। दूसर ओर जब घटना के जानकारी मिलल तs मरेवाला के परिवार के लोग के बीच कोहराम मच गईल।

इs घटना गौरीगंज के मुंशीगंज थाना क्षेत्र के गढ़ामाफी में भईल। जहां 25 साल के विशाल प्रजापति सुक के दुपहरिया करीब 2.45 बजे अपना पत्नी मनीषा अवुरी 46 साल के महतारी सरिता के संगे बाइक से गौरीगंज बाजार जात रहले। रास्ता में मुंशीगंज के ओर जात कंटेनर गौरीगंज थाना क्षेत्र के तहत सराय भाग मानी के नजदीक स्थित 132 केवी पावर हाउस के नजदीक बाइक के जोरदार टक्कर मार देलस। जवना के चलते बाइक पs सवार तीनों लोग के मउका पs मउत हो गईल। दुर्घटना के बाद कंटेनर लेके मउका से भागत चालक के मुंशीगंज पुलिस कंटेनर के संगे हिरासत में ले लेलस।

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।