[the_ad_group id="30365"]

ट्रक गश्ती गाड़ी में मरलस टक्कर, जवान के मौत: बालू लादल ट्रक लेके उत्तर प्रदेश जा रहल चालक गिरफ्तार, हादसा में दु लोग भइल घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

छपरा में एक बेर फेर रफ्तार के कहर देखे के मिलल बा। जहां अनियमित बालू लदल ट्रक पुलिस के गश्ती गाड़ी के रउद देलस। हादसा में एगो पुलिसकर्मी के मवका l पs मौत हो गइल। जबकि दु लोग गंभीर रूप से घायल बा। जेकरा के इलाज खातिर अलग-अलग अस्पताल में भर्ती करावल गइल। घटना बियफे रात गड़खा थाना सीवी क्षेत्र के बिशनपुरा फोर लेन पs घटित भइल। मृतक के पहचान तारकेश्वर प्रसाद के रूप में भइल। जे गरखा थाना में बतौर होमगार्ड जवान पदस्थापित रहलें। ट्रक चालक अउर खलासी नशा में धुत्त बतावल जात बा। जे बालू लेके डोरीगंज से उत्तर प्रदेश जात रहे।

फोरलेन किनारे खड़ा रहे गश्ती के गाड़ी

मृतक के सहकर्मी लो कहल कि देर रात गश्ती के दौरान सिपाही बिशनपुर फोरलेन के लगे गाड़ी लगा के खडा रहे। तब बालू लादल ट्रक गश्ती गाड़ी में टक्कर मार देलस। टक्कर के बाद 3 गो पुलिसकर्मी लोग घायल हो गइल। जेकरा के इलाज खातिर छपरा सदर अस्पताल ले आवल गइल। जहवां चिकित्सक लोग इलाज के क्रम में एगो जवान के मृत घोषित कs दिहल। घटना के बाद पुलिसकर्मी आ स्थानीय लोगन के मदद से ट्रक ड्राइवर के पकड़ लिहल गइल। जवन नसा में धुत्त बतावल जा रहल बा।

चालक नशा में रहे 

गरखा थाना प्रभारी शिखर चौधरी कहलें कि देर रात अनियंत्रित ट्रक थाना के गश्ती वाहन में टक्कर मार देलस। जेमे चालक सहित 3 जवान घायल हो गइल रहे लो। एह में से एगो जवान के मौत इलाज के क्रम में छपरा सदर अस्पताल में हो गइल। ट्रक चालक के पकड़ लिहल गइल बा। जवन शराब के नसा में धुत्त बतावल जा रहल बा। शव के पोस्टमॉर्टम खातिर छपरा सदर अस्पताल भेज दिहlल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]