[the_ad_group id="30365"]

Inspiration: तेलंगाना के फोटोग्राफर बेटी के नाम बड़ उपलब्धि, मशहूर फैशन मैगजीन में छपल खूबसूरत तस्वीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

वोग फैशन मैगजीन में जगह मिलल भा आइल अपने आप में एगो बड़हन उपलब्धि बा। इ उपलब्धि बहुत भारतीय हस्ती के नाम पs दर्ज भईल बा, लेकिन अबकी बेर भारत के एगो छात्र के नाम वाॅग से जुड़ल बा। तेलंगाना के एगो आदिवासी लड़की छात्रा के क्लिक कइल तस्वीर वोग इटालिया में छपल बा। 19 साल के छात्रा के ए सफलता पs उ बहुत खुश बाड़ी। ना सिर्फ उनुकर तस्वीर वोग इटालिया के ओर से प्रकाशित करे खातीर चुनल गईल, बालुक तेलंगाना के मंत्री केटी रामा राव भी ट्वीट क उनुकर तारीफ कईले। आईं तेलंगाना के बेटी के बारे में जानल जाव जिनकर क्लिक कइल तस्वीर वोग इटालिया में छपल बा आ ओह तस्वीर के विशेषता के बारे में।

ममता गुगुलोथ के ह

ममता गुगुलोथ 19 साल के बाड़ी आ तेलंगाना ट्राइबल वेलफेयर एकेडमी ऑफ फाइन आर्ट्स, सिरिसिल्ला के दूसरा साल के छात्रा बाड़ी। ई एगो रेसिडेंट कॉलेज ह जहाँ आदिवासी युवा लोग के पढ़ाई, खाना आ रहे के सुविधा मुफ्त में दिहल जाला।

फोटोग्राफी कोर्स में 13 जनजातीय बच्चन के नाम

फोटोग्राफी आ डिजिटल इमेजिंग में बीए (ऑनर्स) के पहिला बैच में नामांकित भइल 13 गो विद्यार्थियन में से ममता एगो हई। ममता के कहनाम बा कि उ फोटोग्राफी कोर्स में एहसे जुड़ली काहेकी उनुकर हमेशा कुछ रचनात्मक करे के मन रहे। बाद में फोटोग्राफी से प्यार हो गइल, खासकर फैशन फोटोग्राफी से।

ममता के गुरु रघु थाॅमस मुंबई बेस्ड प्रोफेशनल फोटोग्राफर हउवें जे दू साल पहिले सिरिसिल्ला आ गइल रहले जब फोटोग्राफी के कोर्स शुरू भइल रहे।

ममता गुगुलोथ के उपलब्धि

ममता के क्लिक कईल तस्वीर एगो आदिवासी महिला के ह, जवन कि सुंदर पारंपरिक पोशाक अवुरी सिर पs घूंघट पहिनले बाड़ी। एह तस्वीर के ट्वीट करत मंत्री रामा राव लिखले बाड़न कि एह खूबसूरत तस्वीर के मशहूर फैशन पत्रिका वोग इटालिया चुनले बिया। जवना के क्लिक कइले बाड़ी ममता गुगुलोथ। ममता आ उनके गुरु के हमार शुभकामना।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]