[the_ad_group id="30365"]

Maharashtra: जालना में रेलवे ट्रैक पs रखल रहे पत्थर से भरल ड्रम; लोको पायलट इमरजेंसी ब्रेक लगा के रोकलस ट्रेन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

महाराष्ट्र के जालना जिला में मुंबई-सिकंदराबाद देवगिरी एक्सप्रेस के ड्राइवर (लोको पायलट) इमरजेंसी ब्रेक लगा के ट्रेन के रोके के कोशिश कईले। शुक्रवार के ट्रेन के ड्राइवर के पटरी पs ड्रम देखाई देलस, जवना के बाद उ इमरजेंसी ब्रेक लगा देले। बाद में जांच के दौरान ड्रम के भीतर से पत्थर बरामद भईल।

इ घटना शुक्रवार के सबेरे चार बजे भईल जब ट्रेन परतूर तहसील के सतोना अवुरी ओसमानपुर के बीच रहे। लोको पायलट रेलवे अधिकारी के पटरी के बीच में राखल ड्रम के जानकारी देके इमरजेंसी ब्रेक लगा के ट्रेन के रोक देले। जानकारी मिलते रेलवे के एगो अधिकारी मौका पs पहुंच गईले। अधिकारी बतवले कि जांच के दौरान ड्रम के भीतरी एगो पत्थर मिलल, जवना के बाद ट्रेन के आगे के यात्रा खातीर खाली क दिहल गईल।

रेल पुलिस मामला दर्ज क लेले बिया, लेकिन अबे ले केहु के गिरफ्तारी नईखे भईल। ई घटना ओडिशा ट्रेन दुर्घटना के महज एक महीना बाद भइल जवना में 270 से अधिका लोग के मउत हो गइल आ करीब 1000 लोग घवाहि हो गइले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]