[the_ad_group id="30365"]

Chhatisgarh News: छत्तीसगढ़ में सबसे बड़ मुठभेड़, 31 नक्सलियन के शव बरामद

cg naxal encounter
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छत्तीसगढ़ के नक्सल प्रभावित नारायणपुर आ दंतेवाड़ा जिला के सीमा पs सुरक्षाबलन आ नक्सलियन के बीच भइल मुठभेड़ में मारल गइल नक्सलियन में से अब तक 31 के शव बरामद भइल बा। मवका से बड़ संख्या में ऑटोमेटिक हथियार बरामद कइल गइल बा। अभी सर्च ऑपरेशन जारी बा।

मुठभेड़ दंतेवाड़ा में बारसूर के ग्राम थुलथुली आ नारायणपुर में ओरछा के ग्राम नेंदूर के जंगलन में भइल बा। जानकारी के मोताबिक जवान नक्सलियन के मवजूदगी के सूचना वाला जगह पs पहुंचल लो तs नक्सली गोलीबारी शुरू कs दिहले सs।पुलिस अधिकारी लो बतावल कि घटना के बाद सुरक्षाबल के जवान जवाबी कार्रवाई कइल लो। जवाबी कार्रवाई में 35 से जादे नक्सलियन के मारल जाये के खबर बा। अधिकारी लोग बतावल कि मुठभेड़ में सब जवानन के सुरक्षित होखे के जानकारी मिलल बा। ओहिजा, बतावल जा रहल बा कि नक्सलियन के लगे से एलएमजी राइफल, एके 47 राइफल, एसएलआर राइफल, इंसास राइफल, .303 राइफल बरामद कइल गइल बा।

जवानन के हौसला आ अदम्य साहस के नमन- सीएम

मुठभेड़ के लेके मुख्यमंत्री साय कहलें कि नारायणपुर-दंतेवाड़ा जिला के सीमावर्ती क्षेत्र में सुरक्षाबल के जवानन के नक्सलियन के संगे भइल मुठभेड़ में नक्सलियन के मारल जाये के खबर बा। जवानन के मिलल ई बड़ कामयाबी सराहनीय बा। ओह लोगन के हौसला आ अदम्य साहस के नमन करत बा। नक्सलवाद के खात्मा खातिर सुरू भइल हमनी के लड़ाई अब अपना अंजाम तक पहुंचला के बादे दम ली, एकरा खातिर हमनी के डबल इंजन सरकार दृढ़ संकल्पित बिया। प्रदेश से नक्सलवाद के खात्मा हमनी के लक्ष्य बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]