[the_ad_group id="30365"]

चेन्नई में वायुसेना के एयर शो देखे पहुंचल हजारन के भीड़, भगदड़ मचले से 5 लोगन के भइल मउत

चेन्नई में IAF के एयर शो : फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

भारतीय वायुसेना के 92वां वर्षगांठ के याद में चेन्नई के मरीना बीच में एयर शो के आयोजन कईल गईल। अतवार के दिने मरीना बीच पs आयोजित ‘एयर शो’ आकर्षण के केंद्र रहल. एयर शो खतम भइला के बाद एहिजा भगदड़ मच गइल. एकरा में 5 लोग के मउत हो गईल। 40 से अधिक लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल।

तमिलनाडु के मुख्यमंत्री एमके स्टालिन, उपमुख्यमंत्री उदयनिधि स्टालिन, वायुसेना प्रमुख (CAS) एयर चीफ मार्शल अमर प्रीत सिंह, डीएमके नेता दयानिधि मारन समेत कईगो बीच पs एयर शो के आनंद लेत रहले।

भारतीय वायुसेना (आईएएफ) खातिर राष्ट्रीय गौरव के दिन चेन्नई के मरीना बीच पs शोक में बदल गइल. शो खतम भइला के बाद भगदड़ मच गइल आ 5 लोग के मउत हो गइल.

तमिलनाडु के उपमुख्यमंत्री उदयनिधि स्टालिन डीएमके नेता दयानिधि मारन के साथे चेन्नई के मरीना बीच पs 92 वां भारतीय वायु सेना (IAF) दिवस के अवसर पs आयोजित एयर शो के लुत्फ लेत रहले।

तमिलनाडु के दोसरा शहरन के लोग एयर शो देखे खातिर ट्रेन से चेन्नई चहुँपत रहले. एयर शो के दौरान भगदड़ के चलते 5 लोग के मउत हो गईल, 40 लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल।

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]