[the_ad_group id="30365"]

वंदे भारत आ हमसफर एक्सप्रेस पs आइल बड़ अपडेट, एह कैटेगरी के लोगन खातिर रिजर्व रही सीट; रेलवे बोर्ड लेलस फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वंदे भारत, हमसफर, राजधानी, शताब्दी आ दुरंतो जइसन ट्रेनन में दिव्यांगजन खातिर 2एस, चेयरकार, स्लीपर आ एसी थर्ड में चार-चार सीट/बर्थ आरक्षित रही। भलही एह ट्रेनन में दिव्यांगजन के रियायती किराया के सुविधा उपलब्ध होखे भा ना होखे।

समीक्षा के बाद रेलवे बोर्ड दिव्यांग यात्रियन खातिर सब ट्रेनन में सीट/बर्थ के संख्या निर्धारित कs के आरक्षण खातिर दिशा-निरदेस जारी कs देले बा। ई सुविधा खाली ओह आरक्षण काउंटरन पs उपलब्ध होई, जहां रियायती टिकट बुकिंग के सुविधा बा।

सेंटर फॉर रेलवे इंफॉर्मेशन सिस्टम (क्रिस) ओह ट्रेनन में दिव्यांगजनन के जारी विशिष्ट आईडी कार्ड के सत्यापन करे खातिर सॉफ्टवेयर में जरूरी संशोधन करी, जहां रियायती किराया सुविधा उपलब्ध नइखे।

विशेष रूप से डिजाइन कइल गइल सीट

क्रिस इहो सुनिश्चित करी कि जब कवनो दिव्यांगजन वंदे भारत में टिकट बुक करे तs ओकरा कोच संख्या सी-1, सी-7 आ सी-14 में विशेष रूप से डिजाइन कइल गइल सीट संख्या 40 उपलब्ध करावल जाई। जदि वंदे भारत में दिव्यांगजन टिकट बुक करा लेले बा लो, बाकिर ओकरा अनुरक्षक खातिर निर्धारित एगो भा दुगो सीट खाली बा तs दिव्यांगजन के खाली सीट दिहल जा सकत बा।

ऑनलाइन टिकट बुक करे के सुविधा खाली ओहि दिव्यांगजनन के उपलब्ध होई, जेकरा खातिर रेलवे विशिष्ट आईडी कार्ड जारी कइले बा। काउंटर पs टिकट बुक करे खातिर निर्धारित प्रोफार्मा में रियायती प्रमाणपत्र के प्रति प्रस्तुत कइला पs ई सुविधा उपलब्ध होई।

रेलवे बोर्ड से दिव्यांग यात्रियन खातिर निर्धारित कइल गइल सीट/बर्थ

  • शयनयान श्रेणी में चार बर्थ (दुगो निचला आ दुगो बिचिला)
  • थ्री इकोनॉमी भा थ्री एसी में चार बर्थ (दुगो निचली आ दुगो बिचिला)
  • गरीब रथ एक्सप्रेस गाड़ियन के एसएलआरडी कोच में चार बर्थ
  • सेमी हाईस्पीड वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन में चार सीट।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]