[the_ad_group id="30365"]

रेलवे में होखे जा रहल बा क्रांतिकारी बदलाव, अब पुरान ट्रेन ना आई नजर… जानी सब बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Indian railway : भारतीय रेलवे में क्रांतिकारी बदलाव होखे जा रहल बा। अब पुरनका संस्करण के कुल ट्रेन नजर ना अइहे सन। दरअसल, रेलवे के आधुनिकीकरण अभियान के तहत कई तरह के बदलाव देखे के मिली। एकरा तहत सब ट्रेनन के नया स्वरूप में लिआवे के योजना बा, जवना के तैयारी जोर-शोर से चल रहल बा। कहल जा रहल बा कि जल्दिए ई बदलाव लोगन के देखे के मिली। एमें छोट दूरी से लेके लमहर दूरी खातिर अलग-अलग ट्रेन मौजूद रही।

चार श्रेणियन में बदलल जाई सब ट्रेन

यात्रियन के सुविधा के देखत घरी अब पटरियन पs चार तरह के ट्रेन दउड़ी। एकर फर्स्ट लुक सामने आ चुकल बा। एकरा से छोट शहरन के लेके बड़ शहरन में रहे वाला लोगन के काफी सुविधा होइ। एह योजना के पूरा देश में लागू कइल जाई। बिहार से लेके यूपी सहित देश के लगभग सब राज्यन में लागू कइल जाई।

छोट दूरी खातिर चली वंदे भारत मेट्रो

आधुनिकीकरण अभियान के तहत छोट दूरी खातिर वंदे भारत मेट्रो चली। जबकि मध्यम दूरी खातिर वंदे भारत एक्सप्रेस आ लंबा दूरी खातिर दू तरह के ट्रेन चलावल जाई। एमें वंदे भारत स्लीपर आ दूसरका अमृत भारत एक्सप्रेस शामिल बिया।

का- का होई सुविधा

भारतीय रेलवे में बदलाव होखला से रउआ बुझात होई  कि किरयो में बढ़ोतरी होई बाकिर अइसन नइखे । रेलवे के अबही किराया बढ़ावे के कवनो तैयारी नइखे। नया ट्रेनन के किराया सामान्य ट्रेनन खानी होई। बाकिर एमें सुविधा अत्याधुनिक होंइ। वंदे भारत मेट्रो के काम तेजी से चल रहल बा। अबही ले लगभग 50 ट्रेन तैयार हो चुकल बाड़ी सन।

जुलाई माह में होइ परीक्षण

जुलाई महीना में परीक्षण खातिर पहिला वंदे भारत मेट्रो ट्रेन आ जाई। एकरा खातिर देशभर के 124 रूटन के पहचान कइल गइल बा। एकर गति अधिकतम 130 किमी प्रतिघंटा होई। एकर एगो बोगी में करीब 100 सीट होई। उहे, 200 लोग खड़ा होके यात्रा कर सकत बा।

मध्यम दूरी खातिर होई ई ट्रेन

रेलवे मध्यम दूरी खातिर वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन चलावल जा रहल बा। एकर अधिकतम गति 160 किमी प्रतिघंटा बा, बाकिर एकरा के बढ़ाके 200 प्रतिघंटा करे के योजना बा, जवना पs काम चल रहल बा। देश में एह तरह के 400 ट्रेन होई।

लंबा दूरी खातिर दू तरह के होई ट्रेन

रेलवे लंबा दूरी खातिर दू तरह के ट्रेन तइयार कइल जा रहल बा। एमें वंदे भारत स्लीपर आ दूसर ट्रेन अमृत भारत एक्सप्रेस होई। दुनु में अलग-अलग सुविधा मौजूद रही। वंदे भारत स्लीपर के 800 से बेसी दूरी के यात्रा खातिर चलावल जाई। ओहिजा, अमृत भारत के उऽ रूटन में चलावल जाई जहाँवा वेटिंग के समस्या ज्यादा होई। ताकि यात्रियन के कवनो तरह के परेशानी ना होखे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]