Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UPI यूजर लोग खातिर बड़ अपडेट, GPay, PhonePe, Paytm से अब हर दिन खाली एतना रुपया हो सकी ट्रांसफर

3,084

आज के समय में सभे यूपीआई के इस्तेमाल कs रहल बा। अगर रउओ यूपीआई के जरिए पेमेंट (UPI daily limit) करतनीं त रउआ खातिर बड़ खबर बा। गूगल पे (GPay), फोन पे (PhonePe), अमेजन पे (Amazon Pay) अउर पेटीएम (Paytm) जइसन सब कंपनी हर दिन ट्रांजेक्शन करे के लिमिट तय कs दिहले बा। जेकर असर देश के करोड़न यूपीआई यूजर्स पर पड़ी। NPCI के ओर से एह बारे में नोटिफिकेशन जारी कs के जानकारी दीहल गइल बा।

चेक करीं हर दिन केतना कs सकल जाई ट्रांजेक्शन?

नेशनल पेमेंट कॉरपोरेशन ऑफ इंडिया के गाइडलाइन के मुताबिक, अब रउआ यूपीआई से हर दिन खाली 1 लाख रुपया तक के ट्रांजेक्शन कs सकतनी। उहवें कुछ छोट बैंक सब एह लिमिट के 25,000 ले तय कs दिहले बा। आईं चेक करीं, अब रउआ कौने ऐप के जरिए केतना ट्रांजेक्शन हर दिन कs सकतनीं।

Amazon Pay के केतना बा लिमिट?

Amazon Pay UPI के जरिए पेमेंट करे के अधिकतम लिमिट 1,00,000 रुपया तय कइले बा। Amazon Pay UPI पs रजिस्ट्रेशन करवला के बाद शुरुआती 24 घंटा में यूजर खाली 5000 रुपया के ही लेनदेन कs सकsता। उहवें, बैंक के आधार पर हर दिन लेनदेन के संख्या 20 तय कइल गइल बा।

Paytm तय कइलस लिमिट

Paytm UPI यूजर्स खातिर 1 लाख रुपया ले के लिमिट तय कइले बा। एकरे सथही पेटीएम प्रति घंटा के लिमिट ट्रांसफर कइले बा। Paytm बतवले बा कि अब हर घंटा में रउआ खाली 20,000 रुपया के लेनदेन कs सकतनीं। एकरे अलावा प्रति घंटा 5 ट्रांजेक्शन अउर एक दिन में खाली 20 लेनेदन ही कs सकतने।

PhonePe के केतना बा लिमिट?

PhonePe डेली UPI लेनदेन के सीमा 1,00,000 रुपया निर्धारित कइले बा। एकरे सथही एक व्यक्ति बैंक के दिशानिर्देश के आधार पर PhonePe UPI के जरिए प्रति दिन अधिकतम 10 चाहे 20 लेनदेन कs सकल जाला।

Google Pay से कs सकतनीं खाली 10 ट्रांजेक्शन

Google Pay चाहे GPay सब UPI ऐप अउर बैंक खाता में कुल 10 लेन-देन के सीमा तय कइले बा। यूजर एक दिन में खाली 10 लेनदेन कर पइहें। एकरे साथ प्रति दिन एक लाख रुपया ले के ट्रांजेक्शन कs सकिहें।

एह ऐप में हर घंटा के लिमिट नइखे तय

आप के बता देईं गूगल पे अउर फोन पे पर हर घंटा के हिसाब से कौनहूँ लिमिट तय नइखे कइल गइल। हालांकि अगर केहू व्यक्ति आप के 2000 रुपया से ज्यादा के मनी रिक्वेस्ट एह ऐप के जरिए भेजsता त ऐप ओके हॉल्ट कs देई।

405380cookie-checkUPI यूजर लोग खातिर बड़ अपडेट, GPay, PhonePe, Paytm से अब हर दिन खाली एतना रुपया हो सकी ट्रांसफर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.