[the_ad_group id="30365"]

GST के रेड में दु कारोबारियन पर गिरल गाज, भइल कड़ा कार्रवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gorakhpur News: वाणिज्य कर विभाग माने जीएसटी प्रदेश के आउर जगहन के संगे-संगे गोरखपुर आ बस्ती मंडल के कारोबारियन के इहां छापेमारी कइले बिया। ई छापेमारी फर्म के बिना रजिस्ट्रेशन करवले काम कर रहल कारोबारियन पर रहे। गोरखपुर-बस्ती मंडल में एक संगे 22 टीम छापेमारी कर के 28 फर्मन के जानकारी लेलस। एमे दु गो कारोबारियन पर कड़ा कार्रवाई करत बीस लाख रुपिया जमा करावल गइल बा।

एडिशनल कमिश्नर देवमणि शर्मा ग्रेड दु बतवले कि एडिशनल कमिश्नर ग्रेड एक विमल कुमार के नेतृत्व में चलावल जा रहल बा। एह अभियान के तहत चिन्हित फर्मन पर छापेमारी कइल जा रहल बा। ई छापेमारी ओह खास लोगन खातिर जवन बिना रजिस्ट्रेशन के फर्म चला रहल बा लो। एसे सरकार के बहुते नुकसान उठावे के पड़ रहल बा। गोरखपुर बस्ती के दु कारोबारियन पर कार्रवाई कइल गइल बा।

उत्तर प्रदेश में जीएसटी लगातार छापेमारी कर रहल बा। अभी तक 95 करोड़ से बेसी रुपिया के टैक्स चोरी सामने आइल बाबा। ई छापेमारी 15 दिसंबर तक चली। एह छापेमारी में वित्त विभाग, राजस्व, खुफिया महा निदेशालय के अधिकारी सामिल रहल लो। गोरखपुर-बस्ती मंडल में भइल छापेमारी में तीन टीम लखनऊ से आईल बा। जबकि, तीन टीम स्थानीय बा।

साभार: वन इंडिया

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]