[the_ad_group id="30365"]

Bharat Rice: खुदरा बाजार में ₹29 किलो चाउर बेची सरकार, कारोबारियन के पोर्टल पs स्टॉक अपडेट करे के कहलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बेयपारियन के चावल के स्टॉक खुलासा करे के कहल गइल बा। केंद्रीय खाद्य सचिव संजीव चोपड़ा सुक के एगो संवाददाता सम्मेलन में कहलें कि अलग-अलग किस्मन के चावल निर्यात पs प्रतिबंध के बावजूद पिछला एक साल में चाउर के खुदरा आ थोक कीमतन में लगभग 15 प्रतिशत के बढ़न्ती भइल।

ई-कॉमर्स प्लेटफॉर्म पs होई भारत राइस के बिक्री होई 

ऊ कहलें कि कीमतन के नियंत्रित करे खातिर सरकार दुगो सहकारी समिति नेशनल एग्रीकल्चरल कोऑपरेटिव मार्केटिंग फेडरेशन ऑफ इंडिया लिमिटेड (नाफेड) आ नेशनल कोऑपरेटिव कंज्यूमर्स फेडरेशन ऑफ इंडिया लिमिटेड (एनसीसीएफ) के संगे-संगे खुदरा शृंखला केंद्रीय भंडार के माध्यम से खुदरा बाजार में सब्सिडी वाला ‘भारत चावल’ (भारत राइस) के  29 रुपिया प्रति किलोग्राम पs  बेचे के फैसला कइल गइल बा। ई-कॉमर्स प्लेटफॉर्म पs भारत राइस के बिक्री होई।

बाजार मे अगिला हफ्ता 5 से 10 किलो के पैक में उपलब्ध होई भारत राइस

ऊ कहलें कि भारत चावल अगिला हफ्ता से बाजार में 5 किलो आ 10 किलो के पैक में मवजूद होई। चोपड़ा कहलें कि पहिला चरण में सरकार खुदरा बाजार में बिक्री खातिर पांच लाख टन चावल आवंटित कइले बा। सरकार पहिलही भारत आटा 27.50 रुपिया प्रति किलोग्राम आ भारत दाल (चना) 60 रुपिया प्रति किलोग्राम के दर पs बेच रहल बा। बाजार के अफवाहन के दूर करे के प्रयास करत चोपड़ा कहलें कि सरकार के चाउर निर्यात पs प्रतिबंध हटावे के फिलहाल कवनो योजना नइखे। ऊ कहलें कि कीमत घटे तक प्रतिबंध जारी रही। चोपड़ा कहलें कि मंत्रालय आदेश जारी कs रहल बा। खुदरा विक्रेता, थोक विक्रेता आ प्रसंस्करणकर्ता के निरदेस दिहल जा रहल बा कि ऊ हर सुक के पोर्टल पs चावल के स्टॉक के खुलासा करे।

जरूरत पड़ल तो चावल की स्टॉक सीमा तय कर सकती है सरकार

ई पूछल गइला पs कि का सरकार चाउर के स्टॉक रखे के सीमा तय करी, प्रधान कहलें कि कीमत नीचे ले आवे खातिर सब विकल्प खुलल बा। ऊ कहलें कि जरूरत पड़ी तs सरकार चाउर खातिर स्टॉक सीमा तय करे पs विचार करी। सचिव कहलें कि चाउर के छोड़के सब जरुरी खाद्य पदार्थन के कीमतें नियंत्रण में बा।

चाउठ के कीमतन पs नजर रखे खातिर खुदरा विक्रेता थोक विक्रेता आ प्रोसेसर्स के सरकार के ओर से सलाह  दिहल गइल बा कि ऊ अगिला सुक से सरकारी पोर्टल पs अलग-अलग श्रेणियन में आपन स्टॉक के खुलासा करे। चाउर चाहे बासमती होखे भा गैर-बासमती भा पारबोइल्ड आ टूटल चाउर, बेयपारियन के सरकार के पोर्टल पs एकर खुलासा करे के पड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]