[the_ad_group id="30365"]

रन लेत घरी पिच पs बल्लेबाज के मौत : खिलाड़ी लोग CPR दिहल, बाकिर जान ना बंच सकल; पेशा से इंजीनियर रहलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नोएडा में 34 साल के बैटर के क्रिकेट के पिच पs हार्ट अटैक आ गइल। साथी बैटर आ फील्डिंग टीम के खिलाड़ी उनका के CPR दिहल, बाकिर खिलाड़ी के मवके पs मौत हो गइल। 34 साल के विकास नेगी इंजीनियर रहलें, जे नोएडा में कॉर्पोरेट लीग के मैच खेलत रहलें।

14वां ओवर में आइल हार्ट अटैक…… जानीं ओह समय का भइल 

नोएडा में कॉर्पोरेट लीग के दौरान मैवरिक्स इलेवन आ ब्लैजिंग बुल्स के मैच चलत रहे। मैवरिक्स टीम बल्लेबाजी करत रहे। उमेश कुमार आ विकास पिच पs रहे लो। 14वां ओवर चलत रहे। उमेश चौका लगवलें। विकास नॉन-स्ट्राइकर एंड से उनका के बधाई देवे खातिर स्ट्राइकर एंड के ओर गइलें। उमेश के लगे पहुंचला के पहिलही विकास पिच पs गिर गइलें।

ई देख दुनो टीमों के खिलाड़ी पिच पs दउड़ गइल लो। कुछ खिलाड़ी विकास के जान बचावे खातिर उनका के CPR दिहल लो। उनका के कुछ देर जमीन पs बईठा के रखल गइल। जब तबीयत में सुधार ना भइल तs उनका के नोएडा के नजदीकी हॉस्पिटल में ले गइल लो, बाकिर तब तक बहुत देर हो चुकल रहे, हॉस्पिटल पहुंचतही विकास के मृत घोषित कs दिहल गइल।

7 रन पs बैटिंग करत रहलें नेगी

हार्ट अटैक से पहिले विकास अपना टीम खातिर सात रन बनाके बैटिंग करत रहे लो। ऊ छव गेना खेल लेले रहलें, तब उनकर टीम के स्कोर 13.5 ओवर में पांच विकेट के नुकसान पs 143 रन रहे। मुकाबला यूट्यूब पs लाइव ब्रॉडकास्ट होत रहे। ब्लैजिंग बुल्स पहिले बैटिंग करत 19.2 ओवर में नौ विकेट के नुकसान पs 183 रन बनवले रहे।

दुनो टीमन के बीच मुकाबला S&B इंडिया एनुअल क्रिकेट टूर्नामेंट में होत रहे। हादसा के बाद टूर्नामेंट रोक दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]