[the_ad_group id="30365"]

अर्जुन पुरस्कार: राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू शमी के दिहली अर्जुन अवॉर्ड, वर्ल्ड कप मे लिहले रहले एतना विकेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मोहम्मद शमी के मिलल अर्जुन पुरस्कार : भारतीय टीम के स्टार तेज गेंदबाज मोहम्मद शमी के राष्ट्रपति भवन में राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू के ओर से अर्जुन पुरस्कार दिहल गईल। खेल मंत्रालय शमी समेत 26 गो खिलाड़ियन के अर्जुन पुरस्कार देबे के एलान कs चुकल रहुवे। समिति के सिफारिश के आधार पs अवुरी उचित जांच के बाद सरकार खिलाड़ी, कोच अवुरी संस्थान के पुरस्कार देवे के फैसला कईलस।

शमी के मिलल अर्जुन पुरस्कार 

मोहम्मद शमी वनडे विश्व कप 2023 में भारतीय टीम खातिर गजब के प्रदर्शन कइले रहले। वनडे विश्व कप 2023 में ऊ भारत खातिर सबले बेसी विकेट लेबे वाला रहल बाड़न। उनकर लाइन लेंथ बिल्कुल सटीक बा। एही कारण से बल्लेबाज अपना गेंद के समझ के बाहर ना निकल पावेले। न्यूजीलैंड के खिलाफ सेमीफाइनल मैच में उs 7 विकेट लेले। उ टीम खातिर सबसे बड़ मैच विजेता के रूप में उभरले। वनडे विश्व कप 2023 के 7 मैच में 24 विकेट लेले रहले। अब उनुका बेहतरीन प्रदर्शन के इनाम मिलल बा।

शमी कहले इs बात

जब मोहम्मद शमी से अर्जुन अवार्ड खातिर चुनल जाए के बारे में पूछल गईल तs उ कहले कि इs पुरस्कार सपना हs, जीवन बीत जाला अवुरी लोग इs पुरस्कार ना जीत पावेले। हमरा खुशी बा कि हमरा के एह पुरस्कार खातिर नामांकित कइल गइल बा। विश्व कप के बाद से शमी चोट के चलते टीम से बाहर बाड़े। एही कारण से दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ टेस्ट सीरीज में उनुका जगह ना मिलल। उनुका टखना में चोट लागल बा। एही कारण से इंग्लैंड के खिलाफ पहिला दू गो टेस्ट मैच खेलल उनुका खातिर मुश्किल लागत बा।

भारत खातिर तीनों फॉर्मेट खेलले

मोहम्मद शमी के भारत के बेहतरीन गेंदबाजन में गिनल जाला। भारत खातिर ऊ साल 2013 में आपन डेब्यू कइले रहलें। ओकरा बाद से टीम इंडिया के तेज गेंदबाजी आक्रमण में ऊ एगो महत्वपूर्ण कड़ी बन गइल बाड़न। भारत खातिर ऊ 64 गो टेस्ट मैच में 229, 101 गो एकदिना मैच में 195 विकेट आ 23 गो टी-20 मैच में 24 विकेट ले चुकल बाड़न।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]