Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND Vs AFG पहिला टी-20 आज : अफगानिस्तान के भारत के खिलाफ पहिला जीत के बा इंतजार, कोहली-राशिद ना खेली लो; जानीं पॉसिबल प्लेइंग-11

1,381

भारत आ अफगानिस्तान के बीच तीन मैचन के टी-20 सीरीज के पहिला मुकाबला आज मोहाली में खेलल जाई। पंजाब क्रिकेट एसोसिएशन के IS बिंद्रा स्टेडियम में मुकाबला सांझ 7:00 बजे से सुरू होई। टॉस सांझ 6:30 बजे होई। एह साल टीम इंडिया के ई पहिला टी-20 मुकाबला होई।

भारत खातिर सीरीज टी-20 वर्ल्ड कप 2024 के लिहाज से अहम बा। टूर्नामेंट से पहिले भारत के ई आखिरी टी-20 सीरीज बा। एकरा बाद भारत इंग्लैंड से पांच टेस्ट खेली आ फेर IPL सुरू हो जाई। IPL के मई के तीसरका सप्ताह तक चले के उम्मीद बा। टूर्नामेंट के ठीक बाद एक जून से वेस्टइंडीज आ अमेरिका में टी-20 वर्ल्ड कप सुरू हो जाई।

भारत-अफगानिस्तान के बीच पांच टी-20 भइल

ई पहिला बेर बा जब दुनो टीमन के बीच बाइलैटरल टी-20 सीरीज खेलल जाई। टी-20 फॉर्मेट में भारत आ अफगानिस्तान के बीच पांच मैच भइल बा। चार मैच भारत जीतल बा, जबकि एगो मुकाबला बेनतीजा रहल। ई सब मुकाबला टी-20 वर्ल्ड कप आ एशिया कप में खेलल गइल।

यशस्वी टीम के टॉप रन स्कोरर

कप्तान रोहित शर्मा के संगे यशस्वी जायसवाल पारी के सुरुआत करिहें, जबकि शुभमन गिल नंबर-3 पs बैटिंग करिहें। विराट कोहली पर्सनल कारणन से पहिला टी-20 ना खेलिहें।

भारत के एह साल ई पहिला टी-20 मुकाबला होई। सूर्यकुमार यादव पिछला साल टीम के टॉप रन स्कोरर रहलें, बाकिर ऊ चोट के वजह से सीरीज नइखन खेलत रहलें। दूसरका नंबर पs यशस्वी जायसवाल बा। ओहिजा, 2023 में टीम खातिर सबसे जादे विकेट अर्शदीद सिंह लेले रहस, उनका नावे 26 विकेट रहे।

गुरबाज अफगानिस्तान खातिर सबसे जादे रन बनवलें 

अफगानिस्तान के कमान इब्राहिम जादरान संभरिहें। टीम खातिर साल 2023 में रहमानुल्लाह गुरबाज सबसे जादे रन बनवलें। उनका नावे 288 रन रहे। टॉप विकेट टेकर के लिस्ट में कैस अहमद पहिला नंबर पs बाड़ें, ऊ छव मैच में 11 विकेट लेलें।

टीम अपडेट

अनुभवी बल्लेबाज विराट कोहली एह सीरीज के पहिला मुकाबला ना खलिहें। ऊ दूसरका आ तीसरका टी-20 के खातिर उपलब्ध रहिहें। बुध के भारतीय टीम के हेड कोच राहुल द्रविड़ मोहाली में ई जानकारी देलें। द्रविड़ कहलें- ‘विराट निजी कारणन के वजह से पहिले मुकाबला खातिर उपलब्ध नइखे।

अफगानिस्तान के स्टार ऑलराउंडर राशिद खान भारत के खिलाफ टी-20 सीरीज से बाहर हो गइल बाड़ें। उनकर पीठ के चोट दोबारा उभर आइल बा। राशिद दु महीना पहिले सर्जरी करवले रहस।

पिच रिपोर्ट

मोहाली स्टेडियम के पिच पs बल्लेबाजन के बोलबाला रहत बा। बाकिर जइसे-जइसे खेल आगे बढ़े ला, पेसर्स के मदद मिलेला। PCA स्टेडियम में कुल छह टी-20 मैच खेलल गइल। पहिले बैटिंग करे वाली टीम दु आ चेज करे वाली टीम चार मैच जीतल बाड़ी सs। मैदान पs हाईएस्ट टीम स्कोर 211 बा, जवन ऑस्ट्रेलिया डे 2022 में भारत के खिलाफ बनवले रहे।

वेदर फॉरकास्ट

मोहाली में बियफे के मौसम साफ रहेला। इहां बरखा के आसार नइखे, बाकिर ठंड बहुत रही। हवा के रफ्तार नव किलोमीटर प्रति घंटा तक रही। रात के टेम्परेचर आठ से 12 डिग्री सेल्सियस के बीच रही।

रोहित बन सकत बाड़ें सबसे जादे रन बनावे वाला भारतीय कप्तान

रोहित शर्मा आज सबसे जादे टी-20 इंटरनेशनल रन बनावे वाला भारतीय कप्तान बन सकत बाड़ें। रोहित के 51 टी-20 में 1527 रन बा। उनका से आगे विराट कोहली बाड़ेंं। जे बतौर कप्तान 50 टी-20 में 1570 रन बनवले बाड़ेंं। माने रोहित के विराट से आगे निकल के पहिला नंबर पs आवे खातिर 44 रन के जरूरत बा।

दुनो टीमन के पॉसिबल प्लेइंग इलेवन

भारत : रोहित शर्मा (कप्तान), यशस्वी जायसवाल, शुभमन गिल, तिलक वर्मा, जितेश शर्मा/संजू सैमसन (विकेटकीपर), रिंकू सिंह, रवि बिश्वोई/अक्षर पटेल, कुलदीप यादव, अर्शदीप सिंह, मुकेश कुमार आ आवेश खान।

अफगानिस्तान : इब्राहिम जादरान (कप्तान), रहमानुल्लाह गुरबाज (विकेटकीपर), अजमतुल्लाह ओमरजई, करीम जनत/हजरतुल्लाह जजई, नजीबुल्लाह जादरान, मोहम्मद नबी, नवीन-उल-हक, गुलबदीन नायब, फजलहक फारूकी, मुजीब उर रहमान आ नूर अहमद।

711180cookie-checkIND Vs AFG पहिला टी-20 आज : अफगानिस्तान के भारत के खिलाफ पहिला जीत के बा इंतजार, कोहली-राशिद ना खेली लो; जानीं पॉसिबल प्लेइंग-11

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.