[the_ad_group id="30365"]

बांग्लादेश उठवलस बड़ डेग, भारत सहित 5 देसन से अपना राजदूतन के वापस बोलवलस 

बांग्लादेश के अंतरिम सरकार के प्रमुख मोहम्मद यूनुस। (फाइल फोटो)
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शेख हसीना के पद से हटला आ देस छोड़ला के बाद बांग्लादेश के मोहम्मद यूनुस सरकार बियफे के बड़ फैसला लेले बिया। बांग्लादेश के बिदेस मंत्रालय अपना पांच राजदूतन के वापस ढाका बुला लेले बा। ई राजदूत भारत, ऑस्ट्रेलिया, बेल्जियम, पुर्तगाल आ संयुक्त राष्ट्र में तैनात रहस। एगो अधिकारी बतवलस कि एह सब राजदूतन के तुरंत अपना जिम्मेदारियन के सउपके वापस लवटे के कहल गइल बा। बांग्लादेश ई डेग ब्रिटेन में उच्चायुक्त सईदा मुना तस्नीम के वापस बुलवला के बाद उठावल गइल बा।

बांग्लादेश के बिदेश मंत्रालय के एगो अधिकारी बियफे के जानकारी देलस कि अंतरिम सरकार एगो बड़ कूटनीतिक फेरबदल में भारत में अपना राजदूत सहित पांच देसन से दूतन के वापस बुला लेले बिया। नाम न छपला के शर्त पs अधिकारी बतवलें कि बिदेस मंत्रालय ब्रुसेल्स, कैनबरा, लिस्बन, नई दिल्ली आ न्यूयॉर्क में संयुक्त राष्ट्र के स्थायी मिशन में तैनात राजदूतन के तुरंत ढाका लवटे के आदेस देले बा।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]