[the_ad_group id="30365"]

Israel लेलस आठ सैनिकन के मौत के बदला, लेबनान में मार गिरालस हिजबुल्लाह के छव लड़ाका; खतरनाक मोड़ पs पहुंचल युद्ध

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Israel-Hezbollah War: दक्षिण लेबनान में हिजबुल्लाह के खिलाफ युद्ध में इजरायली सेना के जबरदस्त नुकसान भइल। समाचार एजेंसी रॉयटर्स के अनुसार आईडीएफ हिजबुल्लाह के संगे लेबनान में मुठभेड़ के दौरान अपना एगो कमांडर समेत आठ आउर सैनिकन के मारल जाये के पुष्टि कइल गइल।

ओहिजा, जवानन के शहादत के बदला इजरायल लेहल सुरू कs देले बा। बियफे के सबेरे मध्य बेरूत पs इजरायली सेना जबरदस्त बमबारी कइलस। एह हमला में कम से कम हिजबुल्लाह के छव लड़ाकन के मौत हो गइल। ओहिजा, सात लोग घायल हो गइल।

इजराइल कहलस कि ऊ बेरूत पs सटीक हवाई हमला कइले बा। हमला संसद के नजदीक बेरूत के बाचौरा इलाका में एगो इमारत के निशाना बनाके कइल गइल।

इजरायल के ई आठ जवान शहीद

एकरा पहिले इजरायली सेना शहीद जवानन के जानकारी देत एक्स पs पोस्ट कइले बा, “हिजबुल्लाह के खिलाफ यु्द्ध के दौरान कैप्टन ईटन इत्जाक ओस्टर, कैप्टन हेरल एटिंगर, कैप्टन इताई एरियल गियाट, सार्जेंट फर्स्ट क्लास नोम बरजिले, सार्जेंट फर्स्ट क्लास भा मंटजूर, सार्जेंट फर्स्ट क्लास नजर इटकिन, स्टाफ सार्जेंट अल्मकेन टेरेफे और स्टाफ सार्जेंट इदो ब्रॉयर शहीद हो गइल लो।

ईरान कइले रहे इजरायल पs हमला

मंगर के देर रात इजरायल पs 181 बैलेस्टिक मिसाइलन से ईरान के हमला में एगो व्यक्ति मारल गइल आ कुछ लोग घायल भइल बा। ईरान के हमला के बाद इजरायली पीएम बेंजामिन नेतन्याहू कहले रहस कि हम ईरान के बुराई के धुरी के खिलाफ एगो कठिन युद्ध के बीच में बा, जवन हमनी के नष्ट कइल चाहत बानी सs। अइसे ना होई। हमनी के एक संगे खड़ा बानी सs आ भगवान के आसिरबाद से हमनी  के जीतेम सs। हमनी के इजरायल के जीत के गारंटी देले बानी सs। सोमार के इजरायली सेना दक्षिणी लेबनान में दाखिल भइल रहे।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]