[the_ad_group id="30365"]

ताइवान में मंडरा रहल बा तूफान क्रैथॉन के खतरा, स्कूल-कॉलेज बंद; ‘लॉकडाउन’ जइसन हालात

ताइवान टाइफून क्रैथॉन: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

फिलीपींस में तबाही मचावे के बाद चक्रवाती तूफान क्रैथॉन अब ताइवान के ओर बढ़ रहल बा। एह तूफान के देखत ताइवान सरकार एहतियात के उपाय कइले बिया. बुध के दिने राजधानी ताइपे समेत देश के बड़हन हिस्सा में सगरी कार्यालय, स्कूल-कॉलेज आ वित्तीय बाजार बंद कs दिहल गइल बा. बुध के दिने ताइवान में तूफान के चलते सैकड़न उड़ान बंद हो गइल.

तूफान से तबाही हो सकेला

ताइवान के मौसम विभाग के ओर से जारी पूर्वानुमान में कहल गईल बा कि इs एगो तूफान हs, जवना से बड़ तबाही हो सकता। क्रैथॉन के चलते तट पs भारी लहर पैदा होई अवुरी मुसलाधार बरखा होई। स्थिति के देखत ताइवान सरकार लोग के घर में रहे के सलाह देले बिया अवुरी समुद्र, नदी अवुरी पहाड़ से भी दूर रहे के सलाह देले बिया।

सरकार तइयारी कइलस

ताइवान के मौसम विभाग के कहल बा कि बियफ़ें के सबेरे काऊशुंग अवुरी ओकरा पड़ोसी शहर तैनान के बीच आँधी-तूफान के जमीन पs उतरे के उम्मेद बा, जवना के बाद इs तूफान पश्चिमी तट के संगे राजधानी ताइपे के ओर बढ़ी। ओने ताइवान सरकार एह तूफान से निपटे खातिर 38 हजार सेना जवानन के स्टैंडबाय मोड में तइयार रखले बिया.

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]