[the_ad_group id="30365"]

सब राशन कार्ड धारकन के मिली आयुष्मान कार्ड : 5 लाख रुपिया तक मुफ्त इलाज के सुविधा, साथ में मुख्यमंत्री जन-आरोग्य योजना के मिली लाभ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण जिला के अइसन राशन कार्डधारी जेकर नाम प्रधानमंत्री जन आरोग्य योजना खातिर शार्ट लिस्ट नइखे भइल भा आउर कवनो कारणन से एह योजना के लाभ नइखे ले पा रहल, तs ओइसन लोगन खातिर खुशखबरी बा। जवना के लेके आयुष्मान भारत के जिला योजना समन्वयक (डीपीसी) नीरज कुमार बतवलें कि एह योजना के तहत अब जिला के 5 लाख 31 हजार 256 परिवार के 28 लाख 95 हजार 434 लोगन के योजना के लाभ मिली। जेमे 2 लाख 22 हजार 573 लोगन के अब तक कार्ड बनावल जा चुकल बा। बाकिर, अब प्रधानमंत्री जन आरोग्य योजना के तर्ज पs जिला में अब मुख्यमंत्री जन आरोग्य योजना सुरू होखे जा रहल बा।

एकरा तहत प्रधानमंत्री जन आरोग्य योजना से वंचित राशन कार्ड धारकन के एह योजना से जोड़ल जाई। प्रधानमंत्री जन आरोग्य योजना के तर्ज पs 2013 खाद्य सुरक्षा अधिनियम के तहत ओइसन राशन कार्ड धारी जेकरा 2013/14 से राशन कार्ड के सुविधा प्राप्त बा के एकर लाभ मिली। जदि कवनो लाभुक के कवनो कारणवश प्रधानमंत्री जन आरोग्य योजना के लाभ नइखे मिलल, ओह लोगन के मुख्यमंत्री जन आरोग्य योजना के लाभ उपलब्ध करावल जाई।

जिला में केहूओ आयुष्मान कार्ड से वंचित ना रही: नीरज कुमार

डिस्ट्रिक्ट कॉर्डिनेटर बतवलें कि आवे वाला 2 मार्च से सारण जिला अंर्तगत सब पीडीएस (राशन दुकानदार) पs सब राशन कार्डधारी परिवारन के 5 लाख रुपिया तक के मुफ्त ईलाज के सुविधा उपलब्ध करावे खातिर राशन कार्डधारी परिवार के सब सदस्यन के आयुष्मान कार्ड बनावल जाए के बा। ओह विशेष अभियान के दौरान शत प्रतिशत राशन कार्डधारी परिवार के सदस्यन के आयुष्मान कार्ड बनावल जाए के बा। जिला के सब पीडीएस /एफपीएस पs कॉमन सर्विस सेंटर (सीएससी) के वीएलई भा ऑपरेटर के टैग कइल जा रहल बा।

ऊ इहो बतवलें कि अंत्योदय योजना के तहत राशन कार्ड बनेला। एह दुनो राशन कार्डधारियन के आयुष्मान कार्ड बनावल जा। जिला के एको व्यक्ति आयुष्मान कार्ड से वंचित ना रही। हालांकि, कार्ड बनावे खातिर सरकार कावर से सीएससी संचालकन के एकर जिम्मेदारी सउपल गइल बा। जनवितरण प्रणाली विक्रेता के इहां कैंप लगाके वंचित लाभुकन के सीएससी संचालक आयुष्मान कार्ड बनावल सुनिश्चित करेम।

ऊ इहों बतवलें कि आयुष्मान कार्ड धारक साल में पांच लाख खर्च तक इलाज निशुल्क करा सकत बा। हालांकि, कवनो व्यक्ति के लगे राशन कार्ड बा, तs ओकरा परिवार के सब सदस्यन के आयुष्मान भारत के तहत इलाज के लाभ मिली। प्रधानमंत्री आयुष्मान योजना के सूची में जदि केहू के नाम ना होई, तs ओह राशन कार्ड धारी के सीएम आरोग्य योजना के तहत कार्ड बनावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]