[the_ad_group id="30365"]

Women’s Day 2024: एह साल अंतरराष्ट्रीय महिला दिवस के इ बा कैंपेन थीम, जानि एह Theme के खास महत्व

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

International Women’s Day 2024: महिला दिवस महिला सशक्तिकरण के ओरी एगो डेग बा । एह दिन के मकसद महिला लोग के उन्नति आ विकास के प्रोत्साहित करलऽ भी बा।

Women’s Day 2024: हर साल 8 मार्च के दिन अंतरराष्ट्रीय महिला दिवस मनावल जाला। एह दिन के मनावे के मकसद महिला सशक्तिकरण के ओरी एगो डेग बढ़ावल हs। महिला लोग के उन्नति आ विकास के बढ़ावा देवलो एह दिन के मकसद बा। साल 1977 में यूनाइटेड नेशंस जनरल असेंबली 8 मार्च के महिला दिवस घोषित कइले रहे। एकरे बादे से अंतरराष्ट्रीय महिला दिवस मनावल जाला । हालांकि, एह दिन के मनावे के नींव 1909 में रख देवलऽ गइलऽ रहे ।एह साल महिला दिवस के कैंपेन थीम (Campaign Theme) के बारे में जानि आ संगहि इहो जानी इस खास थीम के अर्थ का बा ।

 

अंतरराष्ट्रीय महिला दिवस 2024 की कैंपेन थीम   

इस साल अंतरराष्ट्रीय महिला दिवस के कैंपेन थीम इंस्पायर इंक्लुजन (Inspire Inclusion) बा। इंस्पायर इंक्लुजन का अर्थ है महिला लोगन के महत्व के समझे खातिर लोगनऽ के जागरूक कइलऽ बा । एह थीम के अर्थ महिला लोगन खातिर एगो अइसन समाज के निर्माण के बढ़ावा देवल बा जहवां महिला लोग खुद के जुड़ल महसूस कर सकस, सशक्त महसूस कर सकस। जदि कवनो क्षेत्र विशेष में, जइसे कवनो कंपनी में महिला नइखी , तऽ इंस्पायर इंक्लुजन कैंपेन के तहत मकसद इ बा कि पूछलऽ जाव कि जदि महिला लोग नइखी तऽ काहे नइखी जदि महिला लोग के संगे कवनो तरह के भेदभाव हो रहलऽ बा तऽ ओह भेदभाव के खत्म कइलऽ जरूरी बा। जदी महिला लोगन के संगे अच्छा बर्ताव नइखे होत तऽ ओकरो खिलाफ कदम उठावल जरूरी बा आ इ हर बार करलऽ जरूरी बा। इहे इंस्पायर इंक्लुजन बा।

 

जीवन में कइसे ढली इंस्पायर इंक्लूजन 

इंस्पायर इंक्लुजन के महत्व सब कंपनियन, संगठन, समूह आ एगो अकेला व्यक्ति बढ़ावा दे सकेला ।

 

महिला लोग के विचार के सुनलऽ जाव आ उ लोग सम्मिलित महसूस हो एकर ध्यान रखलऽ जाव।

महिला लोग के आर्थिक रूप से सशक्त बनावल ।

विविध प्रतिभा के भर्ती कइलऽ, उ राखलऽ आ विकसित (Develop) कइलऽ ।

नेतृत्व, निर्णय लेवल आ व्यवसाय में महिला लोग आ लड़कियन के समर्थन कइलऽ ।

महिला लोग आ लड़कियन के जरूरत के पूरा करे वाला बुनियादी ढांचा के निर्माण कइलऽ हs।

 

महिला लोग आ लड़कियन के उनकर स्वास्थ्य के बारे में जानकारीपूर्ण निर्णय लेवे मे मदद कइलऽ।

कृषि आ खाद्य सुरक्षा में महिला लोग आ लड़कियन के शामिल कइलऽ।

महिला लोग आ लड़कियन के गुणवत्तापूर्ण शिक्षा आ प्रशिक्षण तक पहुंच प्रदान कइलऽ।

खेल में महिला लोग आ लड़कियन के भागीदारी आ उपलब्धि के बढ़ावल।

महिला लोग आ लड़कियन के रचनात्मक आ कलात्मक प्रतिभा के बढ़ावले देवलऽ।

महिला लोग आ लड़कियन के उन्नति के समर्थन करे वालन के अन्य क्षेत्र के संबोधित कइलऽ,शामिल कइलऽ।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]