[the_ad_group id="30365"]

बीच सड़क पs टूटल ट्रक के एक्सेल: 3 घंटा से जाम में फंसल बा लो राहगीर, 7 किलोमीटर तक वाहनन के लागल लमहर कतार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा के मशरख में महाजाम के इस्थिति उत्पन्न हो गइल बा। सीवान-शीतलपुर मुख्य मार्ग के बीचो-बीच ट्रक के एक्सेल टूट गइला से सड़क के दुनो तरफ वाहनन के लमहर कतार लाग गइल। 7 किलोमीटर तक वाहनन के कतार लागल बा। एनएच-227 ए राम जानकी पथ पs मशरक थाना क्षेत्र के यदु मोड़ पs ओवरलोड बालू लदल ट्रक के एक्सेल टूटल बा। तीन घंटा से लोग जाम में फंसल बा।

ओवर लोड बालू लदा ट्रक डोरीगंज से मशरख के रास्ता गोपालगंज के तरफ जात रहे। तबे छपरा सिवान एनएच-227 ए पs राम जानकी पथ के यदु मोड़ पs सड़क के बीच ट्रक के गुल्ला टूट गइल। जवना से मुख्य सड़क पs महाजाम के इस्थिति हो गइइ। सीवान के तरफ से पटना जाये वाली आ पटना-छपरा से सीवान जाये वाला ट्रक, बसन आ छोट गाड़ियन के परेसानी के सामना करे के पड़ल।

एह जगहन के जोड़ेला एनएच

एनएच-227 ए रामजानकी पथ बिहार के कइयन गो जिलन सहित नेपालो के जोड़ेला। अयोध्या से जनकपुर ( नेपाल) के जोड़े वाला ई मुख्य सड़क बा। संगही सीवान गोपालगंज आ बगहा के राजधानी पटना से जोड़ेला।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]