[the_ad_group id="30365"]

पेंशनधारी के जिनगी प्रमाणीकरण खातिर ना जाये के होई बैंक: SMS के माध्यम से होई सत्यापन, 30 नवंबर तक बा अंतिम तिथि

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान। सीवान में सरकारी पेंशन के लाभ प्राप्त करे वाला पेंशनधारी अब घरही से आपन जिनगी प्रमाणीकरण के सत्यापन करा सकत बा लो। एकरा खातिर सामाजिक सुरक्षा कोषांग विभाग अंतिम तिथि 30 नवंबर निर्धारित कइले बा। पेंशनधारी के उनकर रजिस्टर्ड मोबाइल पs एगो SMS के माध्यम से लिंक प्राप्त होई। ओहि लिंक पs क्लिक कs के आपन अंगुली के निशान लगाके पेंशनधारी आपन जिनगी प्रमाणीकरण फॉर्म जमा कs  कs सकत बा। एकर सत्यापन आधार कार्ड पs रजिस्टर्ड मोबाइल नंबर पs प्राप्त OTP आ अंगुरी के निशान से होई।

जेकर अंगुरी के निशान कैप्चर नइखे करत ओइसन लोग प्राप्त SMS पs क्लिक कs के रजिस्टर्ड मोबाइल नंबर डाली आ OTP प्राप्त होखला के बाद पेंशनधारी के वीडियो KYC कs  के ओकरा जीवन प्रमाण के सत्यापन कइल जाई।

पहिले बैंक में जाके करवावे के पड़त रहे सत्यापन

एकरा खातिर पेंशनधारी के पहिले अपना-अपबा बैंकन में जाके स्वयं प्रमाण पत्र जमाके जिनगी प्रमाणीकरण के सत्यापन करावे के पड़त रहे। बैंकन के लमहर लाइन से अब लोगन के छुटकारा मिल जाई। सेंट्रल बैंक ऑफ इंडिया के एकरा खातिर नोडल एजेंसी प्रतिनियुक्त कइल गइल बा। जवना के देख रेख में पूरा सीवान जिला भर के पेंशधारियन के जिनगी प्रमाणीकरण करावे के बा।

हर साल एक नवंबर से लेके 30 नवंबर तक पेंशनधारियन के जिनगी प्रमाणीकरण के फॉर्म अपना-अपना बैंकन मे जवना बैंक से पेंशन मिलत बा जमा करे के होला। ना तs अगिला डाला से जनवरी माह से ओकर पेंशन मिलल बंद हो जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]